इकाना स्टेडियम के तर्ज पs बनी गोरखपुर के ‘इंटरनेशनल स्टेडियम’: स्टेडियम के बगल में बनी फाइव स्टार होटल, 150 एकड़ जमीन चिह्नित
गोरखपुर: गोरखपुर में इंटरनेशनल स्टेडियम बनावल जाये के सीएम योगी के घोषणा के बाद एकरा के लेके उम्मीदन के पंख लागे लागल बा। आवे वाला दिनन में इहां इंटरनेशनल क्रिकेट मैच खेलल जाई। एकरा के लेके तइयारियो सुरू हो गइल बा।
गोरखपुर के ई इंटरनेशनल स्टेडियम लखनऊ के इकाना स्टेडियम के तर्ज पs बनी। एकरा खातिर तालनंदौर में 150 एकड़ जमीनो चिह्नित कs लिहल गइल बा। संगही जमीन हस्तांतरण के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। ओहिजा, एह स्टेडियम में दर्शकन के क्षमता करीब 50 हजार होई। स्टेडियम के निर्माण खेल विभाग कराई। दिसंबर में एकर शिलान्यास करावे के तइयारी बा।
स्टेडियम के लगे बनी फाइव स्टार होटल
ओहिजा, गोरखपुर-वाराणसी राष्ट्रीय राजमार्ग इस्थित तालनंदौर में 80 एकड़ में वेटरनरी कॉलेजो बने वाला बा। एही वेटरनरी कॉलेज के बगल में अब इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम बनी। एतने ना, एह स्टेडियम के लगही फाइव स्टार होटलो बनावल जाई। गोरखपुर- वाराणसी मुख्य मार्ग से स्टेडियम तक के मुख्य रस्ता अभी बहुते पातर बा। अइसन में इहां 12 मीटर रास्ता मिल पाइल बा। एकरो के बढ़ाके 35 मीटर चौड़ा कइल जा रहल बा।
स्टेडियम खातिर फ्री जमीन दी प्रशासन
डीएम कृष्णा करुणेश बतवलें, ”इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम खातिर 150 एकड़ जमीन चिह्नित कs लिहल गइल बा। जल्दिये जमीन हस्तांतरित कs दिहल जाई। दिसंबर में एकर शिलान्यास करावे के तइयारी बा।
एह स्टेडियम के बनला से इहां हाईवे पs आउर तेजी से विकास होई। प्रशासन के ओर से स्टेडियम खातिर जमीन पूरा तरे से निशुल्क उपलब्ध करावल जाई। स्टेडियम के निर्माण सार्वजनिक आ प्राइवेट सहजोग से कइल जाई। स्टेडियम बनावे खातिर करीब 60 से 70 एकड़ जमीन के उपयोग कइल जाई।
जबकि, 25 से 30 एकड़ जमीन में फाइव स्टार होटल आ पार्किंग के बेवस्था कइल जाई। बाकी जमीन ओह कंपनी के दिहल जाई, जवन स्टेडियम के निर्माण करी। इहां वाणिज्यिक गतिविधियन के बढ़ावा देके कंपनी स्टेडियम बनावे के खरचा निकाली।
क्रिकेट अकादमियो के होई निर्माण
इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम के निर्माण होखे से एह इलाका में बढ़िया होटल, बड़ बेवसायिक कांप्लेक्स, ग्रुप हाउसिंग विकसित होखे के संभावना बढ़ जाई। इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम के संगही इंडोर स्टेडियम, आउटडोर स्टेडियम, लान टेनिस कोर्ट आ खिलाड़ियन के प्रशिक्षण खातिर क्रिकेट अकादमियो के निर्माण कइल जाई।
Comments are closed.