Bahrain : सोशल मीडिया पs ईरानी हमला के जश्न मनावल पड़ल भारी, बहरीन में पांच पाकिस्तानी आ एगो बांग्लादेशी गिरफ्तार

Share

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव के बीच बहरीन के सुरक्षा एजेंसी सोशल मीडिया पs ईरान समर्थक पोस्ट आ वीडियो साझा करे के आरोप में छव गो बिदेसी नागरिकन के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तार लोगन में एगो बांग्लादेशी नागरिक मोहम्मद इसराफिल मीर आ पांच गो पाकिस्तानी नागरिक सामिल बाड़े। स्थानीय मीडिया आ बहरीन न्यूज एजेंसी के रिपोर्ट के मोताबिक, ई कार्रवाई आंतरिक मंत्रालय आ देस के जनरल डायरेक्टरेट ऑफ एंटी-कॉरप्शन एंड इकोनॉमिक एंड इलेक्ट्रॉनिक सिक्योरिटी के जांच के बाद कइल गइल बा।

सोशल मीडिया पs आपत्तिजनक सामग्री के राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर खतरा बतावल गइल

मंत्रालय के आरोप बा कि गिरफ्तार लोग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs ईरान के समर्थन में “भ्रामक” वीडियो आ पोस्ट साझा करत रहे। बतावल जा रहल बा कि ऊ लोग कुछ जगहन पs हमला से जुड़ल वीडियो फुटेज रिकॉर्ड कs के ऑनलाइन फइलवले रहलें, जइसे राष्ट्रीय सुरक्षा पs खतरा पैदा हो सकेला आ आम लोग में भ्रम फइल सकेला। एह गतिविधि में छव गाे एशियाई नागरिकन के पहचान भइल बा। मंत्रालय कहले बा कि गिरफ्तार लोगन के खिलाफ कानूनी कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा आ ममिला पब्लिक प्रॉसिक्यूशन के सउप दिहल गइल बा।

नागरिकन आ प्रवासी लोगन खातिर चेतावनी

ईरान से जुड़ल संघर्ष पड़ोसी देसन तक फइलला के बाद बहरीन के एजेंसी ऑनलाइन भड़काऊ भा उकसावे वाला सामग्री के प्रसार रोके खातिर निगरानी तेज कs देले बा। अधिकारी लोग देस के नागरिकन आ बिदेसी निवासियन से अपील कइले बा कि बिना अनुमति के कवनो वीडियो, फोटो भा जानकारी साझा मत कइल जावs, खास कs के ऊ सामग्री जवन राष्ट्रीय सुरक्षा भा मवजूदा संघर्ष से जुड़ल होखे।

Read Also: West Asia Crisis : संसद में जयशंकर कहलें- बातचीत आ कूटनीति बहुत जरूरी, भारतीयन के वापसी पs देलें जानकारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-