गोरखपुर एम्स में देर रात जमके मारपीट: अनहत 2024 के लेके विवाद में दु बैच के छात्रन में भिड़ंत

Anurag Ranjan
गोरखपुर एम्स में अनहत कार्यक्रम के लेके दु बैच के छात्र आपस में भीड़ गइल लो।

गोरखपुर एम्स में सनीचर के देर रात लगभग 12:50 बजे जमके मारपीट भइल। घटना गेट नंबर तीन के लगे के हs। आधा घंटा तक मारपीट चलत रहल। एह दौरान एक पक्ष के गाड़ी के क्षतिग्रस्त कs दिहल गइल। सूचना पाके मवका पs पुलिस पहुंचल तs ममिला शांत भइल। फैकल्टी मेंबरो मवका पs पहुंच गइल रहे लो। पुलिस गाड़ी के कब्जा में ले लेले बिया। मारपीट के कारण अनहत 2024 के लेके उपजल विवाद बतावल जा रहल बा।

एम्स में अनहत 2024 के लेके विवाद चल रहल बा। कनिका कपूर आ कुछ आउर सेलिब्रिटी के ना अइला से आरोप-प्रत्यारोप के दौर चल रहल बा। बदसलूकी के आरोप लगाके कुछ छात्रन के कार्यक्रम में आवे से रोकल गइल बा। चरचा बा कि ओह लोगन के छात्रावास में प्रवेश प्रतिबंधित कs दिहल गइल। सनीचर के रात कुछ छात्र सामान लेवे के बात कहत अंदर गइल लो। चरचा बा कि ओह लोगन के संगे कुछ बाहरियो रहे लोग रहे।

सीनियर-जूनियर में मारपीट के चरचा

चरचा बा कि मारपीट सीनियर आ जूनियर बैच के बीच भइल बा। गेट नंबर तीन के लगे 2020 बैच के छात्र से 2021 बैच के छात्र के बहस हो गइल। एकरा बाद एक पक्ष ग्रुप में मैसेज डालके लगभग 60 से 70 लईकन के बोला लेलस आ जमके मारपीट कइलस। बाहर से आइल छात्रन के गाड़ी तक के क्षतिग्रस्त कs दिहल गइल। चरचा बा कि 2021 बैच के एगो छात्र के बहुते चोट आइल बा। एम्स थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल तs ममिला शांत भइल। मारपीट करे वाला कुछ घायलन के थाना ले जाइल गइल रहे।

आधा घंटा चलल हंगामा

बतावल जा रहल बा कि परिसर के भीतर लगभग आधा घंटा तक हंगामा चलल। बड़ संख्या में छात्रन के बोलावे वाला छात्र बहुते आक्रोशित रहे। एह दौरान एक-दूसरा के धमकियो दिहल गइल।

अनहत के आयोजन से जुड़ल बा विवाद

अनहत कार्यक्रम में फंड जुटावे आ मिस मैनेजमेंट के लेके कुछ दिनन से विवाद चल रहल बा। 27 नवंबर के सांस्कृतिक कार्यक्रम के दौरान कुछ छात्रन पs बदसलूकी के आरोप लगावल गइल रहे। आयोजन समिति के संस्तुति पs ओह छात्रन के एह कार्यक्रम में भाग लेवे से प्रतिबंधित कs दिहल गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।