पौष पूर्णिमा के शुभ अवसर पs प्रयागराज में महाकुंभ के शुरुआत हो गइल बा. लाखों श्रद्धालु आजु त्रिवेणी संगम में डुबकी लगाइहें. हिन्दू धर्म के सबसे बड़ धार्मिक पर्व के लेके भक्तन के मन में उत्साह देखल जा रहल बा। 13 जनवरी से शुरू होखे वाला महाकुंभ के पावन परब 26 फरवरी ले चलत रही। मानल जाला कि ई महाकुंभ 144 साल बाद आइल बा आ एही से एकरा के बहुत खास मानल जाला। महाकुंभ के पहिला अमृत स्नान (शाही स्नान) 14 जनवरी के होई। हिन्दू पौराणिक कथा के अनुसार महाकुंभ में डुबकी लगावे से आदमी के सब पाप धोएले आ ओकरा के आध्यात्मिक ज्ञान मिलेला।
अब ले 60 लाख लोग नहा चुकल बाड़े
महाकुंभ में लाखों श्रद्धालु आ रहल बाड़े, जानकारी के मुताबिक आज सबेरे साढ़े नौ बजे ले 60 लाख लोग नहा चुकल बाड़े। एकरा संगे यूपी सरकार भी जनता के सुरक्षा खातीर अलग-अलग जगह पs सुरक्षा बल के तैनाती कईले बिया।
त्रिवेणी घाट पs सुबेरे से स्नान शुरू
#WATCH | Prayagraj, Uttar Pradesh | Devotees take holy dip as #MahaKumbh2025 – a rare celestial alignment that occurs only once in 144 years – begins with the 'Shahi Snan' on the auspicious occasion of Paush Purnima, today pic.twitter.com/n3VigtIfJ0
— ANI (@ANI) January 12, 2025
आज प्रयागराज के गंगा, यमुना आ अदृश्य सरस्वती के त्रिवेणी संगम में लोग के भीड़ जुटल बा। आजु से महाकुंभ शुरू हो गइल बा आ पौष पूर्णिमा के पुण्य तिथि पs लोग नहाए खातिर त्रिवेणी घाट पs पहुँच रहल बा.