आजु हम आपके भारत सरकार के एगो बहुते शानदार स्कीम के बारे में बतावल जा रहल बा। एह स्कीम के नाम प्रधानमंत्री किसान मानधन योजना ह। देश में आजु भी अइसे किसानन के संख्या काफी ज्यादा बा, जिनके एक उम्र के बाद कई तरह के आर्थिक दिक्कत के सामना करे के पड़sला। उम्र के एह पड़ाव पर उनके पास कमाई के कौनो जरिया भी नाइ होला। देश में किसानन के एही समस्या के देखत केंद्र सरकार प्रधानमंत्री किसान मानधन योजना के शुरुआत कइले बानें। एह योजना में निवेश कsके किसान अपने भविष्य के आर्थिक रूप से सुरक्षित कs सकतने। एह स्कीम में निवेश कइले के बाद किसानन के 60 के उम्र के बाद हर महीना 3 हजार रुपया पेंशन मिलsला। हालांकि, एह स्कीम में रजिस्ट्रेशन कइले के बाद किसानन के एक निश्चित मात्रा में पइसा निवेश करे के होला। एही कड़ी में आई, जानतनी, प्रधानमंत्री किसान मानधन योजना में आवेदन के पात्रता का ह?

प्रधानमंत्री किसान मानधन योजना में 18 से 40 साल की उम्र के बीच के किसान आवेदन कर सकतने। भारत सरकार एही स्कीम के शुरुआत खासतौर पर देश के सीमांत अउर आर्थिक रूप से कमजोर किसान खातिर बा।

एह स्कीम में जौन किसानन के लग्गे 2 हेक्टेयर या ओसे कम भूमि बा। उहे स्कीम में आवेदन कर सकतनी। अगर आपके पास एहसे ज्यादा मात्रा में भूमि ह। एह स्थिति में आपके आवेदन के रद्द कs दिहल जाई।

भारत सरकार के एह स्कीम में आवेदन करे खातिर आपके पास कुछ दस्तावेज के होखल जरूरी बा। एहमें आधार कार्ड, पहचान पत्र, आय प्रमाण पत्र, आयु प्रमाण पत्र, बैंक पासबुक, खेत के खसरा खतौनी, मोबाइल नंबर अउर पासपोर्ट साइज फोटो के जरूरत होई।

देश भर में आर्थिक रूप से कमजोर कई किसान भारत सरकार के एह स्कीम में आवेदन कsके निवेश कs रहल बानें। अगर आप 18 साल के उम्र में एह स्कीम में आवेदन करेने। अइसे में आपके एह स्कीम में हर महीने 55 रुपया के निवेश करे के बा। उहवें जब आपके उम्र 60 वर्ष के हो जाई, ओकरे बाद आपके हर महीने 3 हजार रुपये के पेंशन (सालाना 36 हजार रुपया) मिली।
Post Views: 4