नेशनल डेस्क: बिदेस मंत्री एस जयशंकर के सुरक्षा में बढ़न्ती के खबर आ रहल बा। समाचार एजेंसी एएनआई सरकार के सूत्रन के हवाले से बतवलl कि पाकिस्तान से तनाव के बीच जयशंकर अब बुलेटप्रूफ कार में चलिहें। केंद्रीय गृह मंत्रालय जयशंकर के बढ़ावल गइल सुरक्षा में विशेष बुलेटप्रूफ कार के सामिल कइले बा। दिल्ली में उनका आवास के आसपास सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs दिहल गइल बा। जयशंकर के पहिलही जेड श्रेणी के सुरक्षा मिलल बा, जवन केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के कमांडो के ओर से प्रदान कइल जाला। उनका सुरक्षा खातिर 33 कमांडो के एगो टीम 24 घंटा तैनात रहेला लो।
पिछिला साल सुरक्षा के स्तर ‘वाई’ से बढ़ाके ‘जेड’ श्रेणी कs दिहल गइल रहे
पिछिला साल अक्तूबर में जयशंकर के सुरक्षा के स्तर ‘वाई’ से बढ़ाके ‘जेड’ श्रेणी कs दिहल गइल रहे। सीआरपीएफ दिल्ली पुलिस से जयशंकर के सुरक्षा के प्रभार संभरले रहे। 69 साल के जयशंकर के वर्तमान में सीआरपीएफ कर्मियन के एगो सशस्त्र टीम के ओर से 24 घंटा जेड-श्रेणी के सुरक्षा प्रदान कइल जा रहल बा। देस भर में उनका आवागमन आ प्रवास के दौरान एक दर्जन से जादे सशस्त्र कमांडो उनका सुरक्षा में लागल रहेला लो।
210 से जादे लोगन के वीआईपी सुरक्षा प्रदान कs रहल बिया सीआरपीएफ
सीआरपीएफ वर्तमान में 210 से जादे लोगन के वीआईपी सुरक्षा प्रदान कs रहल बिया, जेमे केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, नितिन गडकरी, दलाई लामा आ कांग्रेस नेता सोनिया गांधी, राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी वाड्रा सामिल बा लो। बिदेसस मंत्री के सुरक्षा बढ़ावे के निर्णय 22 अप्रिल के पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत के निर्णायक सैन्य प्रतिक्रिया के बाद भारत आ पाकिस्तान के बीच बढ़ल तनाव के बाद लिहल गइल बा।
पहलगाम आतंकी हमला, ऑपरेशन सिंदूर आ सीजफायर
22 अप्रिल के जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के 15 दिन बाद भारतीय सेना 7 मई के ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के तहत पाकिस्तान आ पीओके में नव आतंकी ठिकानन के तबाह कइले रहे। जेमे कइयन गो कुख्यात आतंकी मारल गइल रहलें सs। बाद में दुनो देसन के बीच हालात बिगड़ल आ दु दशक बाद चरम पs पहुंच गइल। ओहिजा पाकिस्तान के तरफ से भारत के शहरन के निशाना बनावल गइला के बाद, भारत के वायु रक्षा प्रणाली सभे के नाकाम करत ओकर माकूल जवाब देलस। भारत जवाबी कार्रवाई करत पाकिस्तान के 14 सैन्य ठिकानन के तबाह के देलस। एकरा से घबराइल पाकिस्तान 10 मई के भारत के सामने सीजफायर के प्रस्ताव रखलस, जवना से दुनो देस आपसी चरचा के बाद लागू कs लिहल। हालांकि, एकरा कुछ घंटा बादे पाकिस्तान के तरफ से एकर उल्लंघन कइल गइल, जवना के भारतीय सेना करारा जवाब देलस।