EPFO: PF अकाउंट होल्डर्स के मिली फायदा, सरकार बढ़वलस ब्याज दर

Share

 

ईपीएफ ब्याज दर : सरकार वित्तीय वर्ष 2022-23 खातिर कर्मचारी भविष्य निधि योजना के तहत जमा पs 8.15 प्रतिशत ब्याज दर के पुष्टि कईले बिया। कर्मचारी भविष्य निधि संगठन (ईपीएफओ) 28 मार्च 2023 के 2022-23 खातिर कर्मचारी भविष्य निधि (ईपीएफ) के जमा पs 8.15 प्रतिशत के दर से ब्याज देवे के फैसला कईले रहे। एह तरह से ईपीएफओ आपन छह करोड़ से अधिका सदस्यन के ब्याज में मामूली बढ़ोतरी कइले बा जवन पहिले 8.10 फीसदी रहे।

सरकार जारी कइलस आदेश 

सोमार के दिने जारी एगो आधिकारिक आदेश के मुताबिक ईपीएफओ अपना क्षेत्रीय कार्यालयन से कहले बा कि ऊ लोग साल 2022-23 खातिर ईपीएफ पर 8.15 फीसदी के दर से ब्याज सदस्यन के खाता में जमा कs देव। वित्त मंत्रालय के ब्याज दर पs सहमति मिलला के बाद इ आदेश आईल बा। अब ईपीएफओ के क्षेत्रीय कार्यालय सब्सक्राइबर के खाता में ब्याज जमा करीहें। ईपीएफओ मार्च 2022 में ईपीएफ जमा पs ब्याज दर 2021-22 खातिर घटा के 8.10 प्रतिशत कs दिहले बा। 1977-78 के बाद से इ सबसे कम ब्याज दर रहे, जब ईपीएफ के ब्याज दर आठ प्रतिशत रहे|

ईपीएफ का होला?

ईपीएफ एगो अनिवार्य रिटायरमेंट बचत योजना ह जवना में कर्मचारी आ नियोक्ता दुनु के योगदान होला। एहमें कर के लाभ आ कर मुक्त ब्याज के तहत आय दिहल जाला। ईपीएफ ओह व्यक्तियन खातिर उपयुक्त बा जे कवनो कंपनी में काम करत बाड़े आ रिटायरमेंट पs केंद्रित बचत विकल्प के तलाश में बाड़े। हालांकि योगदान के राशि कर्मचारी के वेतन संरचना से तय अवुरी निर्धारित होखेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-