स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 में इंग्लैंड के काहे सबसे खतरनाक टीम मानल जाला, एह बात के बानगी एक बेर फेर देखे के मिलल बा। इंग्लैंड मैनचेस्टर में साउथ अफ्रीका के खिलाफ खेलल गइल दूसरका टी20 मैच में 146 रन से जीत हासिल कइलस। हैरानी के बात ई बा कि एह मैच में इंग्लैंड पहिले बल्लेबाजी करत स्कोरबोर्ड पs 304 रन टांग देलस। साउथ अफ्रीका के टीम एह स्कोर के सामने 158 रन बना सकल।
इंग्लैंड के सलामी बल्लेबाज फिल सॉल्ट 60 गेना पs 15 चौका आ आठ छक्कन के मदद से नाबाद 141 रन के पारी खेललें। जोस बटलर 30 गेना पs आठ चौका आ सात छक्कन के मदद से 83 रन बनवलें। जैकब बेथेल 14 गेना पs 26 आ कप्तान हैरी ब्रूक 21 गेना पs नाबाद 41 रन बनवलें। उनका पारी में पांच चौका आ एगो छक्का सामिल रहे।
इंग्लैंड बनवलस रिकॉर्ड
सॉल्ट आ बटलर मिलके पहिला विकेट खातिर 126 रन जोड़ल। ई जोड़ी 100 रन खाली 35 गेना पs पूरा कइल गइल जवन कवनो फुल मेंबर के खिलाफ कवनो टीम के ओर से बनावल गइल दूसरका सबसे तेज शतक हs। पहिला नंबर पs वेस्टइंडीज बा जे साउथ अफ्रीका के खिलाफ साल 2023 में 33 गेना पs शतक पूरा कइले रहे।
बटलर आ सॉल्ट के साझेदारी के दौरान टीम के रन रेट 16.06 के रहल। ई कवनो फुल मेंबर टीम के ओर से टी20 इंटरनेशनल में 100 से जादे के साझेदारी में हासिल कइल सबसे जादे रन रेट हs।
इंग्लैंड एह मैच में 10 ओवरन में एक विकेट खोके 166 रन बनवलस। टी20 इंटरनेशनल में कवनो टीम के ओर से सुरुआती 10 ओवर में बनावल गइल सबसे बड़ स्कोर हs। ऊ एह ममिला में ऑस्ट्रेलिया के पीछे छोड़ले बा, जे 2024 में एडिनबर्ग में स्कॉटलैंड के खिलाफ खेलल गइल मैच में तीन विकेट खोके 156 रन बनवले रहस।
इंग्लैंड एह मैच में दोहरा शतक खाली 12.1 ओवरों में पूरा कइलस जवन टी20 इंटरनेशनल में कवनो टीम के ओर से बनावल गइल सबसे तेज दोहरा शतक हs।
सॉल्ट एह मैच में आपन शतक 39 गेना पs पूरा कइलें। ई इंग्लैंड के तरफ से टी20 इंटरनेशनल में कवनो बल्लेबाज के ओर से बनावल गइल सबसे तेज शतक हs। उनकरा से पहिले ई रिकॉर्ड लियाम लिविंगस्टन के नावे रहे जे 42 गेना पs ई शतक पूरा कइले रहस।
सॉल्ट 141 रन के पारी खेलले जवन टी20 इंटरनेशनल में इंग्लैंड के बल्लेबाज के ओर से बनावल गइल सर्वोच्च स्कोर हs।
Read Also: नेपाल में बनल नया सरकार पs पीएम मोदी देलें रिएक्शन, कहलें ई बड़ बात; पड़ोसी देस में एह दिन होई चुनाव