Emmy Awards 2023 में वीर दास के मिलल अवॉर्ड, एकता कपूर मरली बाजी

Minee Upadhyay

इंटरनेशनल एमी अवार्ड 2023 में हास्य अभिनेता वीर दास आ टीवी इंडस्ट्री के रानी एकता कपूर के सम्मानित कइल गइल। हॉलीवुड, बॉलीवुड से लेके ओटीटी ले के सभ सितारा इंटरनेशनल एमी अवार्ड 2023 के ए आयोजन में पहुंच गईल बाड़े। जबकि अभिनेता वीर दास एमी अवार्ड्स 2023 में कमाल कइले। वीर दास के फिल्म ‘वीर दास-लैंडिंग’ खातिर बेस्ट यूनिक कॉमेडी के इंटरनेशनल एमी अवार्ड मिलल बा। न्यूयार्क में आयोजित एह आयोजन में कला आ मनोरंजन उद्योग के सितारन के नामांकित कइल गइल बा।

अंतर्राष्ट्रीय एमी अवार्ड में भारत इतिहास रचलस

अबकी बेर इंटरनेशनल एमी अवार्ड 2023 में ओटीटी प्लेटफार्म के दू गो सीरीज के इंटरनेशनल एमी अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल बा। शेफाली शाह के बेस्ट सीरीज ‘दिल्ली क्राइम 2’ खातिर नामांकित कइल गइल। साथही एह नामांकन में मशहूर प्रोड्यूसर आ फिल्म निर्माता एकता कपूर के मनोरंजन के दुनिया में उनुका महत्वपूर्ण योगदान खातिर सम्मानित कइल गइल बा। अबहीं ले वीर दास, शेफाली शाह आ एकता कपूर के ई पुरस्कार मिलल बा।

 

वीर दास आ शेफली शाह के ई पुरस्कार मिलल

वीर दास, एकता कपूर आ शेफाली शाह के प्रशंसक आ सेलेब सोशल मीडिया पs बधाई दे रहल बाड़े। बता दीं कि वीर दास के ‘वीर दास-लैंडिंग’ खातिर बेस्ट यूनिक कॉमेडी के इंटरनेशनल एमी अवार्ड मिलल बा। जबकि शेफाली के ‘दिल्ली क्राइम 2’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल। एह धारावाहिक के निर्देशन तनुज चोपड़ा बाड़न। एहमें शेफाली शाह मुख्य अभिनेत्री डीसीपी वर्तिका चतुर्वेदी के किरदार कइले बाड़ी। एकता कपूर सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के पुरस्कार जीत के इतिहास रचले बाड़ी।

एकता कपूर भावुक हो गइली

एकता पहिला भारतीय निर्माता बाड़ी जिनका ई पुरस्कार मिलल बा। एकता एह अवार्ड के फोटो के संगे एगो इमोशनल नोट भी अपना सोशल मीडिया पs शेयर कईले बाड़ी। एह पोस्ट में लिखल बा कि ‘भारत, हम एमी के घरे ले आवत बानी।’ एकता इंटरनेशनल एमी अवॉर्ड्स 2023 जीत के इतिहास रचले बाड़ी।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।