Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ट्विटर के मालिक बनतही एलन मस्क के बड़ ऐक्शन, CEO पराग अग्रवाल के निकलले 

टेस्ला सीईओ एलन मस्क सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म प फेक अकाउंट के संख्या के लेके पराग अग्रवाल सहित वरिष्ठ अधिकारियन आ ट्विटर के निवेशकन के गुमराह करे के आरोप लगवले रहस।

1,225

टेस्ला के सीईओ एलन मस्क ट्विटर प नियंत्रण क लेले बाड़े। एकरा बाद ऊ कंपनी सीईओ पराग अग्रवाल सहित कइयन शीर्ष अधिकारियन के निकाल देले बा लो। समाचार एजेंसी रॉयटर्स के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, ट्विटर के सीईओ पराग अग्रवाल, कानूनी, नीति आ ट्रस्ट के प्रमुख विजया गड्डे, मुख्य वित्तीय अधिकारी नेड सेगल सहित आउर कुछ शीर्ष अधिकारी लोगन के ऊ बाहर के रास्ता देखा देले बाड़े।

सूत्र रॉयटर्स के बतावल लो कि जब नेड सहगल आ पराग अग्रवाल के ट्विटर से बाहर निकाले के निर्णय कइल गइल, ओह समय दुनो सैन फ्रांसिस्को मुख्यालय में मवजुद रहे लो।

एलन मस्क सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म प फेक अकाउंट के संख्या के लेके पराग अग्रवाल सहित वरिष्ठ अधिकारियन आ ट्विटर के निवेशकन के गुमराह करे के आरोप लगवले रहलें।

एलन मस्क विज्ञापनदाता लोगन से कहले कि ऊ ”मानवता के मदद” खातिर ट्विटर खरीद रहल बानी आ एकरा के ”सब केहू खातिर मुफ्त” बा बने देंम।

एकरा पहिले मशहूर उद्योगपति एलन मस्क सोशल मीडिया मंच ट्विटर मुख्यालय में टहलत आपन एगो वीडियो साझा कइलें। ऊ ट्वीटर के 44 अरब डॉलर में किनला के समझौता के पूरा करे खातिर सुक के समयसीमा से दु दिन पहिले बुध के ई वीडियो साझा कइलें। मस्क अपना ट्विटर प्रोफाइलो में बदलाव कइलें आ अपना निजी विवरण में ‘ट्वीट प्रमुख’ लिखले बाड़े। ऊ आपन प्रोफ़ाइल प अपना स्थान के बदलके ट्विटर मुख्यालय क देले बाड़े।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.