सासाराम (रोहतास)। सासाराम विधानसभा के करसेरुआ पंचायत के खैरा गांव में दुसरका चरण के मतदान के दौरान 95 बरिस के बुजुर्ग हरिहर सिंह उर्फ हरिद्वार सिंह के मौत हो गइल। ऊ वोटिंग करे खातिर निकलल रहस, बाकिर पोलिंग बूथ से करीब 100 मीटर पहिलही उनकर दम टूट गइल।
परिजन लोग बतावल कि हरिहर सिंह वोट डाले के बहुते इच्छुक रहलें। उनका के लोग ई-रिक्शा पs बईठा के सहारा देत मतदान केंद्र ले जात रहे लोग। एही बीच बूथ से 100 मीटर दूर ई-रिक्शा पs ऊ चल बसलें। गांव के लाेग बतावल कि उनका जिनगी के आखिरी पल में लोकतंत्र के महापर्व में भागीदारी करे के सपना अधूरा रह गइल।
हरिहर सिंह दू-तीन दिन पहिलही कहले रहलें- “अबकि बेर 11 नवंबर के मतदान करीं आ ओकरा बाद ई दुनिया छोड़ जाइब, बाकिर वोट जरूर देब।” अफसोस, बिहार के विकास खातिर उनकर ई आखिरी इच्छा पूरी ना हो सकल, बाकिर अब उनकर कहानी पूरा इलाका में चरचा के विषय बन गइल बा।
परिजन लोग बतावल कि दू-तीन दिन से ऊ खाना-पीना कम कs देले रहलें आ चलफिर ना पावत रहस। बिछवना पs रहला के बादो उनकर आखिरी तमन्ना रहे “दुनिया छोड़े से पहिले एक बेर वोट जरूर दीं।” मंगर के ऊ पोलिंग बूथ गइला पs अड़ गइलें। हरिहर सिंह रिटायर्ड पंचायत सेवक रहलें।
Read Also: Pakistan News : इस्लामाबाद कोर्ट के लगे आत्मघाती हमला, 12 लोगन के मौत आ कइयन लोग घायल







