Ekta Diwas 2025 : सरदार पटेल के 150वीं जयंती पs भव्य परेड, पीएम मोदी स्टैच्यू ऑफ यूनिटी पs देलें श्रद्धांजलि

PM Narendra Modi paying tribute at Statue of Unity on Sardar Vallabhbhai Patel’s 150th birth anniversary during Ekta Diwas 2025 grand parade in Gujarat.

Share

नई दिल्ली। देस के लौह पुरुष सरदार वल्लभभाई पटेल के 150वीं जयंती के मौका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गुजरात के केवडिया में बनल स्टैच्यू ऑफ यूनिटी पहुंचलें आ उहां पटेल के प्रतिमा पs फूल चढ़ा के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें।

2014 में नरेंद्र मोदी जब प्रधानमंत्री बनलें, तs ओही साल से 31 अक्टूबर के पटेल के जयंती राष्ट्रीय एकता दिवस के रूप में मनावल जाये लागल। आजुओ पीएम मोदी गुजरात के नर्मदा जिला में एकता नगर के पास 182 मीटर ऊंच मूर्ति पs पहुंच के भारत के एकता के प्रतीक लौह पुरुष के नमन कइलें।

निकालल गइल भव्य परेड

श्रद्धांजलि देके पीएम मोदी एक जगह गइलें, जहां ऊ मवजूद जनता के एकता दिवस के शपथ दिलवले आ राष्ट्रीय एकता दिवस परेड देखलें। एह आयोजन में सांस्कृतिक कार्यक्रम के संगे पुलिस आ पैरामिलिट्री फोर्स के यूनिटी डे परेड में सामिल रहल।

गणतंत्र दिवस जइसन भव्य परेड

एह परेड में बीएसएफ, सीआरपीएफ सहित कइयन गाे पैरामिलिट्री फोर्स आ अलग-अलग राज्यन के पुलिस टुकड़ी सामिल रहल। एह बरिस के परेड कुछ खास रहल, काहे कि एकता दिवस परेड के गणतंत्र दिवस परेड के तर्ज पs भव्य अंदाज में निकालल गइल।

Read Also: 31 अक्टूबर 2025 के राशिफल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-