[the_ad_group id="30365"]

31 अक्टूबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 31/10/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 10 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

धनिष्ठा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

गण्ड जोग

सबेरे के 06 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/11/2025

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 09 बजके 12 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

 शतभिषा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 20 मिनट ले।

ध्रुव जोग

रात के 02 बजके 09 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम में मन लागी। पुरान रोकल काम पूरा हो सकेला। धन लाभ के योग बन रहल बा। परिवार में सुख-शांति बनी रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज आपन बोलचाल पs ध्यान दीं। विवाद से दूर रहीं। नया निवेश करे से पहिले सोच लीं। सेहत ठीक रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेयपार में फायदा हो सकेला। साथी लोग के सहजोग मिली। यात्रा सफल हो सकेला। छात्र लोग खातिर दिन बढ़िया बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुशी के माहौल रही। नोकरी में प्रमोशन भा सराहना मिल सकेला। प्रेम संबंध में मिठास बढ़ी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। ऑफिस में राउर राय सब लोग मानीं। धन के आवक हो सकेला। खर्चा तनि सा बढ़ी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन नया अवसर मिली। भाग्य साथ दे रहल बा। विद्यार्थी लोग खातिर समय सुभ बा। सेहत पs ध्यान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दिन कुछ मिलाजुला रही। खर्चा बढ़ सकेला। नौकरी में तनाव रहला पs सांझ तक राहत मिल जाई। परिवार से सहजोग मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन भाग्य चमकी। नया संपर्क से फायदा हो सकेला। प्रेम भरल जिनगी में मधुरता आई। स्वास्थ्य बढ़िया रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नौकरी में बदलाव के संकेत बा। पुरान विवाद सुलझ सकेला। माता-पिता के स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कार्यक्षेत्र में सफलता मिली। पईसा के ममिला में सतर्क रहीं। घर में मांगलिक काम के चरचा हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया लोगन से सहजोग मिली। नया योजना बन सकेला। विद्यार्थियन खातिर दिन उपयोगी बा। वाहन चलावत घरी सावधानी बरतीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

प्रेम भरल जिनगी में सुधार होई। धन के इस्थिति मजबूत होई। पुरान उधारी मिल सकेला। जतरा सुभ रही।

Read Also: चिनफिंग से मुलाकात के बाद ट्रंप कइलें चीन के टैरिफ घटावे के एलान, भारत के कब मिली राहत?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]