नई दिल्ली। समूचा देस में आज ईद के जश्न मनावल जा रहल बा। दिल्ली के छोट-बड़ बाजार से लेके गली-मोहल्ला तक हर ओर रौनक देखे के मिल रहल बा। रमजान के पूरा 30 रोजा आ इबादत के बाद काल्ह ईद के चांद नजर आइल, जवना से अकीदतमंदन में खुसी के लहर दउड़ गइल।
मस्जिदन से एलान होखते लोग एक-दूसरा के गला मिलके ईद के मुबारकबाद देवे लागल। दिल्ली के जामा मस्जिद, फतेहपुरी मस्जिद आ हजरत निजामुद्दीन दरगाह सहित कइयन गो मस्जिदन में आज सबेरे नमाज अदा कइल गइल।
चांद देखल गइला के बाद से दिल्ली के माहौल पूरा बदल गइल। चांदनी चौक, जामा मस्जिद आ ओखला इलाका में बाजारन में बड़ भीड़ देखे के मिलल। कहीं सेवई के खुशबू फइलल, तs कहीं नया कपड़ा आ इत्र के दुकानन पs लोगन के भीड़ जुटल रहे। लईकन में ईद के लेके खास उत्साह देखे के मिलल, जे रात भर आपन नया कपड़ा आ जूता के तईयारी में लागल रहल।
देर रात तक खरीदारी
चांद रात के मवका पs उर्दू बाजार, मटिया महल, चितली कबर आ ओखला बाजार में देर रात तक जमके खरीदारी भइल। लोग टोपी, कुर्ता, इत्र, सेवई आ मिठाई किनत नजर आइल।
मोहब्बत आ भाईचारा के त्योहार
ईद खाली जश्न ना, बलुक आपसी भाईचारा आ मोहब्बत के पैगाम देला। लोग फितरा आ जकात देके गरीब लोगन के मदद कs रहल बा, ताकि हर केहू ई खुसी में सामिल हो सके।
रेलवे के खास इंतजाम
ईद पs बढ़त भीड़ के देखत उत्तर रेलवे दूगो स्पेशल ट्रेन चलावे के घोषणा कइले बा। एगो ट्रेन अमृतसर से न्यू तिनसुकिया आ दूसरा नई दिल्ली से हावड़ा के बीच चलावल जाई, जवन कइयन राज्यन से होके गुजरिहें।
एह तरे ईद के मवका पs पूरा देस में खुसी, भाईचारा आ उत्साह के माहौल बनल बा।
Read Also: 21 मार्च 2026 के राशिफल









