शिक्षा विभाग के ऑफिशियल X अकाउंट हैक: हैकर्स नाम आ फोटो बदलले सs, 2019 में भइल रहे हैकिंग

Share

बिहार के साइबर अपराधी बड़ कारनामा के अंजाम देले बाड़ें सs। ऊ शिक्षा विभाग के ऑफिशियल X अकाउंट के हैक कs लेले बाड़ें। हैकर्स अकाउंट के नाम बदलके ether fi कs देले बाड़ें सs। संगही कवर इमेज आ प्रोफाइल इमेज के बदल डलले बा।। मिलल सूचना के मोताबिक अकाउंट हैकिंग के एह ममिला के आइटी प्रबंधक देख रहल बा। हैकरन के पहचान कइला जा रहल बा।

का हs ether.fi

ether.fi एगो प्रकार के डिजिटल क्रिप्टोकरेंसी हs, जवन पियर टू पियर लेन देन, माइनिंग आ आउर अन्य तकनीकी खूबियन के प्रयोग कs के बनल बा। ether.fi के पहिले से एगो वेरिफाइड X अकाउंट हs। जवना के 134 K लोग फॉलो कs के रखले बा।

2019 में हैकिंग भइल रहे

एकरा पहिले 2019 में साइबर अपराधी शिक्षा विभाग के वेबसाइट के हैक कs के आपत्तिजनक बात लिखले रहलें सs। वेबसाइट खोले पs Love You Pakistan’ लिखल मिलल रहे। वेबसाइट पs शिक्षा विभाग से जुड़ल संबंधित जानकारी गायब रहे। हालांकि, तब सांझ ले वेबसाइट के ठीक कs लिहल गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-