Delhi Riots : पढ़ल-लिखल आतंकवादी ढेर खतरनाक’, दिल्ली दंगा के लेके सुप्रीम कोर्ट में बोलल पुलिस

Supreme Court: बीपीएससी अध्यक्ष के नियुक्ति के चुनौती, सुप्रीम कोर्ट बिहार सरकार से मंगलस जवाब

Share

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस सुप्रीम कोर्ट में आज 2020 उत्तर-पूर्व दिल्ली दंगा के ‘देस के आजादी पs हमला आ ‘सरकार बदले के सोचल-समझल साजिश’ करार दिहलऽ आ उमर खालिद, शरजील इमाम सहित कइयन गो एक्टिविस्ट्स के जमानत याचिका के बियफे के कड़ा विरोध कइलस।

दिल्ली पुलिस लाल किला में भइल धमाका के हवाला देत कहलें कि जब पढ़ल-लिखल बुद्धिजीवी आतंकवादी बन जाले तs ऊ जमीनी कार्यकर्तन से कहीं ढेर खतरनाक हो जाले सs।

दिल्ली पुलिस के ओर से पेश एडिशनल सॉलिसिटर जनरल एसवी राजू कहलें कि अब डॉक्टर आ इंजीनियरन के देस विरोधी गतिविधि में सामिल होखल एगो ट्रेंड बन गइल बा। ऊ शरजील इमाम के कथित भड़काऊ भाषण के वीडियो कोर्ट में देखवलें। वीडियो में इमाम के फरवरी 2020 में दिल्ली में भइल दंगा से पहिले 2019आ 2020 में चाखंड, जामिया, अलीगढ़ आ आसनसोल में भाषण देत देखावल गइल।

वकील कहलें कि आजकल एगो ट्रेंड हs कि डॉक्टर, इंजीनियर आपन प्रोफेशन नइखे करत लोग बलुक देस विरोधी काम में लागल बा लोग। जमानत के विरोध में दिल्ली पुलिस के ओर से ASG एसवी राजू कहलें कि ‘निचली अदालत के ट्रायल तेज करे के निरदेस दिहल जा सकेला, बाकिर देरी जमानत के आधार ना। चाहे केहू 5.5 साल से जेल में होखे, ई बेल देवे के ग्राउंड ना होखे के चाहीं।’

ट्रंप के दौरा के दौरान कइल गइल रहे प्रोटेस्ट

ASG कहलें कि CAA प्रोटेस्ट के इंटरनेशनल मीडिया कवरेज पावे खातिर अमेरिकी प्रेसिडेंट डोनल्ड ट्रंप के भारत दौरा के समय टाइम कइल गइल रहे। राजू कहलें कि एकनी के आखिरी इरादा सरकार बदले के रहे। CAA के विरोध प्रदर्शन खाली गुमराह करे वाला रहे, असली मकसद सरकार बदलल, आर्थिक तंगी पैदा कइल आ पूरा देस में अफरा-तफरी फइलावल रहे। दंगा जानबूझके US प्रेसिडेंट डोनल्ड ट्रंप के दौरा के संगे करवावल गइल रहे। ई तथाकथित बुद्धिजीवी जमीनी आतंकवादीयन से ढेर खतरनाक बाड़ें सs।

एंटी-टेरर कानून के ममिला

खालिद, इमाम, गुलफिशा फातिमा, मीरान हैदर आ रहमान पs UAPA, जवन सख्त एंटी-टेरर कानून हs, आ पहिले के IPC के नियम के तहत 2020 के दंगा के “मास्टरमाइंड” होखे के आरोप में ममिला दर्ज कइल गइल रहे, जेमे 53 लोग मारल गइल रहे आ 700 से ढेर घायल भइल रहे। ई हिंसा नागरिकता (संशोधन) एक्ट (CAA) आ नेशनल रजिस्टर ऑफ सिटिजन्स (NRC) के खिलाफ बड़ पैमाना पs विरोध प्रदर्शन के दौरान भड़कल रहे।

एक्टिविस्ट कज जमानत याचिका के कड़ा विरोध करत दिल्ली पुलिस मंगर के तर्क देलस कि ई कवनो अचानक भइल घटना ना रहे, बलुक देस के आजादी पs एगो “सोचल-समझल, पहिले से प्लान कइल आ अच्छा तरे से डिजाइन कइल गइल” हमला रहे।

Read Also: Delhi Weather Update : गैस चैंबर बनल दिल्ली-एनसीआर, कइयन गो इलाकन में AQI 600 के पार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-