Delhi Weather Update : गैस चैंबर बनल दिल्ली-एनसीआर, कइयन गो इलाकन में AQI 600 के पार

By Shweta Supriya

Published on: Nov 21, 2025

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली आ एनसीआर के कइयन गो इलाकन में सनिचर के सबेरे वायु गुणवत्ता एक बेर फेर खतरनाक स्तर पऽ पहुंच गइल। कइयन गो निगरानी केंद्रन पs एक्यूआई 500 से ऊपर दर्ज कइल

Share

Delhi Weather Update: Toxic smog covers Delhi-NCR, AQI crosses 600 in several areas

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली आ एनसीआर के कइयन गो इलाकन में सनिचर के सबेरे वायु गुणवत्ता एक बेर फेर खतरनाक स्तर पऽ पहुंच गइल। कइयन गो निगरानी केंद्रन पs एक्यूआई 500 से ऊपर दर्ज कइल गइल बा, जवना से प्रदूषण के स्तर ‘गंभीर प्लस’ के श्रेणी में चल गइल बा।

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि ठंड बढ़ला से, हवा के रफ्तार कम होखला आ कुहासा के कारण प्रदूषण आउर फंस रहल बा। सनिचर के सबेरे के ताजा आंकड़न के अनुसार सबसे प्रदूषित इलाका में वजीरपुर टॉप पs रहल, जहां एक्यूआई 691 तक पहुंच गइल। एकरा बाद आनंद विहार में 620, जहांगीरपुरी में 583 आ बहादुरगढ़ में 550 एक्यूआई दर्ज कइल गइल। लोनी, रोहिणी आ नोएडा सेक्टर-116 गंभीर श्रेणी में बनल बा।

लगातार बिगड़त जा रहल बा हालात

सुक के हाल कम चिंताजनक ना रहे। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के अनुसार बियफे के दिल्ली के वायु गुणवत्ता ‘गंभीर’ श्रेणी के करीब पहुंच गइल। औसत एक्यूआई 400 से तनी नीचे दर्ज कइल गइल जबकि 15 से ढेर निगरानी केंद्रन पs ई 400 से ऊपर रिकॉर्ड कइल गइल। 24 घंटा के औसत एक्यूआई 391 पs रहे जवन लगातार सातवा दिन ‘बहुत खराब’ श्रेणी में रहल।

बुध के औसत एक्यूआई 392, मंगर के 374 आ सोमार के 351 रहे। सीपीसीबी के समीर एप देखवलस कि 38 चालू केंद्रन में से 18 ‘गंभीर’ श्रेणी में एक्यूआई दर्ज कइल गइल। एमे चांदनी चौक, डीटीयू, बवाना, आनंद विहार, मुंडका, नरेला आ वजीरपुर केंद्र सामिल बा, जहां 400 से ऊपर एक्यूआई दर्ज कइल गइल।

पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय के वायु गुणवत्ता पूर्व चेतावनी प्रणाली के अनुसार, आवे वाला दिन में दिल्ली के वायु गुणवत्ता आ बिगड़ के ‘गंभीर’ श्रेणी में पहुंच सकेला। अगिला छव दिन तक ‘बहुत खराब’ से ‘गंभीर’ श्रेणी में बनल रही। अगिला कुछ दिन तापमान में कमी, आंशिक रूप से बादल, धुंध आ कुहासा होखे के संभावना के कारण राजधानी में प्रदूषण के स्तर में आ बढ़न्ती के संभावना बा।

राजधानी में प्रदूषक तत्व पीएम 10 आ पीएम 2.5 लगातार मानक से कइयन गुना ऊपर बनल बा। बियफे के दिन में 12 बजे पीएम 10 के स्तर 363.1 आ पीएम 2.5 के स्तर 212.5 दर्ज कइल गइल। आइआइटीएम पुणे के डिसीजन सपोर्ट सिस्टम अनुमान लगवलस कि बियफे के दिल्ली के प्रदूषण में वाहन के जोगदान 17.3 प्रतिशत रहे, जबकि पराली जलावे के हिस्सा खाली 2.8 प्रतिशत रहे। सुक खातिर ई अनुमान क्रमशः 16.2%आ 1.8% बा।

इलाका AQI

  • वजीरपुर 691
  • आनंद विहार 620
  • जहांगीरपुरी 583
  • बहादुरगढ़ 550
  • लोनी 548
  • रोहिणी 503
  • नोएडा सेक्टर-116 493वसुंधरा 469
  • इंदिरापुरम 466
  • नॉलेज पार्क (ग्रेटर नोएडा) 454

Read Also: Kanpur News : देवरिया के चार युवकन के एके कमरा में एके संगे मौत- अंगीठी के धुंआ से घुटल दम!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.