Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आमिर खान के घर प ED छापामारी करत बड़ मात्रा में रुपिया बरामद कइलस, ट्रंक में 200-500 आ 2000 के नोट ठूंस-ठूंसके भरल रहे

514

प्रवर्तन निदेशालय (ED) के अधिकारियन के छापामारी में बड़ मात्रा में रुपिया बरामद भइल बा। ई कार्रवाई कोलकाता (Kolkata) में एगो व्यवसायी आमिर खान के घर पs कइल गइल। छापेमारी में घर से 17 करोड़ रुपिया से बेसी कैश बरामद भइल। घर में 10 ट्रंक मिलल, 5 ट्रंक में 200-500 आ 2000 के नोट ठूंस-ठूंसके भरल रहे। ई छापेमारी आमिर खान (Aamir Khan) के गार्डन रीच स्थित घर में कइल गइल। छापेमारी सनिचर के सबेरे शुरू भइल। नकदी के गिनती देर रात तक जारी रहल। ईडी के टीम के संगे बैंक अधिकारी आ केंद्रीय बलो रहे।

ई छापेमारी प्रिवेंशन ऑफ मनी लॉन्ड्रिंग एक्ट के प्रावधानन के तहत कइल गइल। फेडरल बैंक (Federal Bank) के अधिकारियन द्वारा मुख्य मेट्रोपॉलिटन मजिस्ट्रेट के अदालत में कइल गइल शिकायत के आधार प आमिर खान सहित आउर लोगन के खिलाफ पिछिला साल 15 फरवरी के कोलकाता के पार्क स्ट्रीट पुलिस स्टेशन में ममिला दर्ज कइल गइल रहे।

आमिर खान के घर प भइल छापेमारी

मोबाइल गेमिंग एप्लिकेशन (Mobile Gaming Application) से संबंधित चल रहल जांच के सिलसिला में 10 सितंबर के प्रिवेंशन ऑफ मनी लॉन्ड्रिंग एक्ट (PMLA), 2002 के प्रावधानन के तहत ED ई  छापेमारी कइलस। फेडरल बैंक (Federal Bank) के अधिकारियन द्वारा मुख्य मेट्रोपॉलिटन मजिस्ट्रेट के सोझा दायर शिकायत के आधार प आमिर खान आ कइयन गो दूसर लोगन के खिलाफ पिछला साल 15 फरवरी के कोलकाता के पार्क स्ट्रीट पुलिस स्टेशन (Park Street Police Station) में FIR दर्ज कइल गइल रहे।

गेमिंग एप्लिकेशन के माध्यम से कइल गइल रहे धोखाधड़ी

जांच एजेंसी बतवलस, “आमिर खान ई-नगेट्स नाम से एगो मोबाइल गेमिंग एप्लिकेशन (Mobile Gaming Application) लॉन्च कइलस। एह ऐप से पहिले यूजर्स के कमीशन के साथे रिवार्ड दिहल गइल, फेर वॉलेट में कैश भेजल गइल। जब यूजर्स के भरोसा हो गइल कि उ एह गेमिंग ऐप्लिकेशन के माध्यम से बेसी पईसा कमा सकत बा लो तs ऊ पईसा लगावे लागल लो।

जांच एजेंसी बतवलस कि यूजर्स के पईसा लगावे के बाद मोबाइल गेमिंग ऐप के जरिए अच्छा खासा रकम इकट्ठा कइला के बाद, अचानके ऐप से निकासी के रोक दिहल गइल, जेमे सिस्टम के अपग्रेड ना होखे के बहाना बनावल गइल। एहु के एजेंसियन द्वारा जांच कइल जा रहल बा। एकरा बाद, प्रोफ़ाइल से सारा जानकारी सहित सब डेटा के ऐप सर्वर से डिलीट क दिहल गइल। फेर यूजर्स के एकर चाल समझ में आइल।” एकरा पहिल सनिचर के केंद्रीय एजेंसी मोबाइल गेमिंग एप्लिकेशन से संबंधित जांच के संबंध में कोलकाता में छव गो जगहन प तलाशी अभियान चलवले रहे। ईडी कहलस कि तलाशी अभियान के दौरान ई देखल गइल कि ममिला से जुड़ल संस्था नकली खातन के इस्तेमाल करत रहे आ यूजर्स के धोखा देके करोड़न रुपिया कमा लेले रहे।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.