ECI : चुनाव आयोग के आज बड़ बइठक, 12 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश में SIR के समयसीमा बढ़ला के आसार; पढ़ीं पूरा खबर

Election Commission of India big meeting on SIR deadline extension

Share

सेंट्र्रल डेस्क। चुनाव आयोग आज विशेष गहन पुनरीक्षण (SIR) पs एगो अहम बइठक करे जा रहल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक, यूपी, पश्चिम बंगाल सहित कइयन गो राज्य में मतदाता सूची के पुनरीक्षण के काम तय समय से पीछे चल रहल बा। एह इस्थिति में आयोग एह राज्यन खातिर समयसीमा बढ़ावे पs विचार कs सकेला। आयोग के माने के बा कि मतदाता सूची के सही आ सटीक बनावल सबसे बड़ प्राथमिकता बा, एह खातिर अतिरिक्त समय के जरूरत हो सकेला।

का हs SIR ?

SIR माने विशेष गहन पुनरीक्षण के मकसद मतदाता सूची के साफ-सफाई आ अपडेट करल होला।
एमे सामिल बा-

  • डुप्लीकेट नाम हटावल
  • मृत भा कहीं आउर जगह पs चल गइल मतदाता के नाम निकालल
  • आ 18 बरिस से ऊपर नया योग्य मतदाता के सामिल कइल

देस में एह प्रक्रिया से फर्जी मतदान के संभावना कम करे के कोसिस कइल जा रहल बा। फिलहाल SIR के दुसरका चरण चल रहल बा। पहिला चरण बिहार से सुरू भइल रहे। अब दुसरका चरण में बीएलओ लोग घरे-घरे जाके सत्यापन करत बा लोग। कइयन गो बीएलओ शिक्षक आ सरकारी कर्मचारी होला लोग, ऊ लोग सीमित समय में पूरा इलाका कवर करे में दिक्कत महसूस करत बा।

यूपी में SIR खातिर दु हफ्ता के समय आउर मांगल गइल

यूपी के मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा बतवलें कि राज्य चुनाव आयोग से दु हफ्ता के अतिरिक्त समय के मांगे कइले बा, ताकि SIR के काम पूरा कइल जा सके।

उनका अनुसार, जिला चुनाव अधिकारी मृत, स्थानांतरित आ लापता मतदाता के प्रविष्टि के दुबारा सत्यापन कर सकी। अभी तक 99.24% जनगणना फॉर्म के डिजिटलीकरण पूरा हो गइल बा। पूरा राज्य में 4 नवंबर से SIR अभियान चलत बा।

बंगाल में ECI बढ़वलस समयसीमा

चुनाव आयोग पश्चिम बंगाल में SIR के समयसीमा बदल देले बा आ मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन के तारीख बढ़ा के 14 फरवरी 2026 कs देले बा।

आयोग के मुताबिक- भारी जनगणना काम आ मतदान केंद्रन के उचित सत्यापन/युक्तिकरण
के चलते ई विस्तार जरूरी भइल।

नया समयसारिणी (बंगाल)

बीएलओ के घर-घर जनगणना → 11 दिसंबर 2025 तक

मतदाता सूची के मसौदा → 16 दिसंबर 2025

दावा/आपत्ति → 16 दिसंबर 2025 से 15 जनवरी 2026

निपटारा + विशेष सत्यापन → 7 फरवरी 2026 तक

मतदान केंद्र के युक्तिकरण → 7 फरवरी 2026 तक

अंतिम मतदाता सूची → 14 फरवरी 2026

Read Also: UP Weather : लखनऊ सहित कइयन गो जिलन में कोहरा के चादर, तापमान गिरला से बढ़ल ठिठुरन; जारी भइल मौसम के पूर्वानुमान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-