[the_ad_group id="30365"]

UP Weather : लखनऊ सहित कइयन गो जिलन में कोहरा के चादर, तापमान गिरला से बढ़ल ठिठुरन; जारी भइल मौसम के पूर्वानुमान

UP Weather
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ : यूपी में ठंडा के असर हर दिन बढ़त जा रहल बा। एक-एक करके कइयन गाे जिला घना कोहरा के चपेट में आवत जा रहल बा। बियफे के भोर में राजधानी लखनऊ सहित कइयन गो जिला में घना कोहरा देखल गइल। बढ़त ठंढ के चलते सबेरे आ रात में कोहरा के चलते कुछु दिखाई नइखे देत। खास कs के तराई इलाका में भोरही से कोहरा के मोट चादर पसर जात बा, जवन लोगन के आवाजाही पs असर डाल रहल बा।

तराई जिलन में ऑरेंज अलर्ट

मौसम विभाग बृहस्पतिवार खातिर तराई इलाका- कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, बलरामपुर आ बहराइच में घना कोहरा के ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। ओहिजा, देवरिया, गोरखपुर, संतकबीरनगर, बस्ती, गोंडा, श्रावस्ती, लखीमपुर खीरी आ सीतापुर में कोहरा खातिर येलो अलर्ट जारी भइल बा।

कुशीनगर में दृश्यता शून्य, बहराइच में 25 मीटर

बुध के कुशीनगर में दृश्यता शून्य हो गइल- माने कुछू ना लउकत रहे। बहराइच में दृश्यता 25 मीटर दर्ज भइल। एह बीच मौसम से जुड़ल नया जानकारी निकलल बा कि यूपी में 12 दिसंबर से नया पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय होखे जा रहल बा, जवन मौसम में फेर से बदलाव लेके आई।

पश्चिमी विक्षोभ से चली पुरूआ हवा, बढ़ी-घटी तापमान

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र, लखनऊ के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह कहलें कि दु दिन बाद यूपी में फेर एगो नया पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय होई।

एह विक्षोभ के असर से तीन-चार दिन तक पुरूआ हवा चली, कहीं-कहीं छिटपुट बादल देखे के मिल सकेला आ दिन-रात के तापमान में हल्का-फुल्का उतार-चढ़ाव देखे के मिली।

Read Also: IND vs SA 2nd T20 Playing 11 : का भारत विजयी संयोजन में बदलाव करी? गिल पs बा सब केहू के नजर, सूर्या के फॉर्म बढ़ा रहल बा टेंशन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]