[the_ad_group id="30365"]

Satya Nadella : माइक्रोसॉफ्ट CEO कहलें- भारत 2030 तक अमेरिका से आगे निकल जाई, दुनिया के सबसे बड़ डेवलपर कम्युनिटी बनी

Satya Nadella speaking in Bengaluru about India surpassing the US in developer community by 2030
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेंगलुरु: भारत के आईटी आ टेक सेक्टर खातिर ई बहुत खुसी के खबर बा। माइक्रोसॉफ्ट के चेयरमैन आ CEO सत्या नडेला बेंगलुरु में कहलें कि 2030 तक भारत, अमेरिका के पछाड़ के GitHub पs दुनिया के सबसे बड़ डेवलपर कम्युनिटी वाला देस बन जाई।

सादा भाषा में कहीं तs ‘GitHub’ ऊ प्लेटफॉर्म बा जहां सॉफ्टवेयर इंजीनियर आ डेवलपर लोग आपन कोड रखेला आ नया सॉफ्टवेयर बनावेला। अभी सबसे जादे डेवलपर अमेरिका से बा लोग आ भारत दुसरका नंबर पs बा। बाकिर नडेला के माने के बा कि भारत जवना रफ्तार से बढ़त बा, कुछे साल में ऊ नंबर 1 हो जाई।

सत्या नडेला के मुख्य बात

  • नडेला कहलें कि भारत में ‘आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस’ (AI) के इस्तेमाल तेज गति से बढ़ रहल बा।
  • इहां के डेवलपर नया-नया तकनीक अपनावे में दुनियाभर में सबसे आगे बा लोग।
  • भारत में डेवलपर के संख्या लगातार बढ़ रहल बा आ ई लोग दुनिया के सबसे कठिन प्रोजेक्ट पs काम करत बा।
  • नडेला कहलें कि भारत में टैलेंट के कमी नइखे आ अइसन टैलेंट दुनिया भर में चल रहल एआई क्रांति के नेतृत्व करी।
  • ऊ कहलें कि भारत में निवेश करे खातिर ऊ खुद बहुते उत्साहित बाड़ें।

सत्या नडेला फिलहाल भारत दौरा पs बाड़ें आ देस के डेवलपर आ टेक लीडर्स से मुलाकात करत बाड़ें।

Read Also: ECI : चुनाव आयोग के आज बड़ बइठक, 12 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश में SIR के समयसीमा बढ़ला के आसार; पढ़ीं पूरा खबर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]