Easter 2026 : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ पीएम नरेंद्र मोदी के ईस्टर पs सुभकामना, देसवासियन से कइलें ई अपील

Easter 2026 Wishes by President Murmu and PM Modi | Jagjivan Ram Tribute

Share

नई दिल्ली। देस के सर्वोच्च नागरिक राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के दिन ईस्टर के पावन मवका पs देसवासियन के सुभकामना दिहल लोग।

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आपन सनेस में कहली कि ईस्टर के हार्दिक बधाई सब केहू के, खास कs के हमार ईसाई भाई-बहिन खातिर। यीशु मसीह के पुनरुत्थान के ई पवित्र पर्व प्रेम, उम्मीद आ वैश्विक भाईचारा के भावना के बढ़ावा देला। ऊ कहलें कि यीशु मसीह के सिखावल बात हमनी के शांति आ मेल-जोल के राह पs ले जावs।

‘ईस्टर आशा आ नयापन के प्रतीक हs’

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया पs लिखलें कि ईस्टर के ढेर सारा सुभकामना। ई पवित्र दिन आशा आ नयापन के प्रतीक हs। ई सब केहू जिनगी में शांति, खुसी आ रोशनी ले आवे। पीएम मोदी आगे कहलें कि यीशु मसीह के शिक्षा सब केहू के दयालु आ सहजोगी बने के प्रेरणा देवे आ समाज में एकता मजबूत करे। ईस्टर, यीशु मसीह के मृत्युपरांत पुनर्जीवन के याद दिलावेला आ दुनिया भर में प्रेम, उम्मीद आ नया सुरुआत के सनेस देला।

जगजीवन राम के जयंती पs श्रद्धांजलि

एह मवका पs पीएम मोदी, पूर्व उपप्रधानमंत्री आ दलित नेता जगजीवन राम के जयंती पs उनकरा श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। ऊ कहलें कि जगजीवन राम के देस खातिर जोगदान हमेसा इयाद राखल जाई। पीएम मोदी ट्वीट कs के लिखलें कि “पूर्व उपप्रधानमंत्री बाबू जगजीवन राम जी के जयंती पs हमार विनम्र श्रद्धांजलि। ऊ आपन पूरा जिनगी समानता आ सामाजिक न्याय खातिर समर्पित कइले रहनी।”

बिहार के निवासी जगजीवन राम आपन प्रशासनिक क्षमता आ 1971 के भारत-पाक युद्ध के दौरान रक्षा मंत्री के रूप में जोगदान खातिर जानल जालें। ऊ आपातकाल के विरोध में कांग्रेस छोड़ देलें रहलें।

Read Also: Assembly Polls : वोटर आईडी चेक करी BSF, नियंत्रण में होई सीसीटीवी, चुनावी ड्यूटी से हटी लोग ई अफसर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-