Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

60 सेकेंड पहिले मिली भूकंप के चेतावनी, विशेषज्ञ बोलनें- विकसित देशन में चल रहल बा शोध

551

बीएचयू के भूभौतिकी विभाग में सात दिवसीय कार्यशाला के दूसरे दिन वक्ता लोग भूकंप के पूर्व चेतावनी विषय पर बात रखनें। आईआईटी मुंबई के वैज्ञानिक डॉ. आनंद सिंह बतवलें कि अमेरिका, न्यूजीलैंड में भूकंपीय तरंग में अंतर के आधार पs अब 60 सेकेंड पहिले भूकंप के चेतावनी के जानकारी मिल सकी। इहां भूकंप चेतावनी प्रणाली विकसित करे पs शोध चल रहल बा।

कार्यशाला में ऊ छात्रन के भूभौतिकी डाटा के आधार परI पृथ्वी के उप सतह के जानकारी दिहलें। डॉ. आनंद भूकंप अइले के बाद पृथ्वी सतह पs मानव निर्मित निर्माण के वजह से कंपन से प्रकृति केतना अस्थायी होई एह बारे में भी विस्तार से बतवलें। कौने तरे भूकंपीय डाटा इकट्ठा कइल जाय अउर ओ डाटा के प्रयोग कs के भू सतह के नीचे के क्रिया के कइसे पता कइल जाय एकरो जानकारी दीहलें।

ऊ कहनें कि भूकंप वाले स्थान से कौनो दूसर स्थान 200 किमी दूर बा त 1 मिनट पहिले पूर्व चेतावनी सिस्टम के विकसित कइल जा सकsता। एह आधार पर उहां नुकसान के रोकल जा सकsता। कार्यक्रम संयोजक डॉ. रोहताश कुमार छात्रन के कार्यशाला के उद्देश्य के बारे में बतवलें। कार्यक्रम के संचालन डॉ. सत्यप्रकाश मौर्या कइलें।

421660cookie-check60 सेकेंड पहिले मिली भूकंप के चेतावनी, विशेषज्ञ बोलनें- विकसित देशन में चल रहल बा शोध

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.