भूकंप से पहिले स्मार्टवॉच करी अलर्ट, गूगल Wear OS में जोड़लस खास फीचर, जानीं कब से मिली

Share

अब आपके स्मार्टवॉच भूकंप से पहिले चेतावनी जारी कs दिही। गूगल अपना WearOS ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर इमरजेंसी अलर्ट सिस्टम फीचर के रोल आउट कs रहल बा। एs फीचर के माध्यम से भूकंप आवे से पहिले घड़ी में अलर्ट आवे लागी। गूगल के इs फीचर इमरजेंसी से पहिले यूजर के चेतावे खातीर ले आवल गईल बा, ताकि उs अयीसन स्थिति में सुरक्षित जगह पs जा सके चाहे अपना के बचा सके। गूगल एंड्रॉयड 15 वाला स्मार्टफोन यूजर खातीर इs फीचर जारी कईले बा, अब एकरा के स्मार्टवॉच खातीर भी लागू कईल जाता।

कइसे काम करी?

गूगल के स्मार्टवॉच ऑपरेटिंग सिस्टम वियरओएस वाला घड़ी में इs नाया इमरजेंसी फीचर दिहल जाई। गूगल एs फीचर के एs घड़ी में मौजूद मोशन सेंसर के आधार पs डिजाइन कईले बा। इs मोशन सेंसर यूजर के फोन अवरू घड़ी में पावल जाला। जइसहीं नजदीक के स्मार्टफोन में एक संगे कंपन महसूस होई, उs अलर्ट जारी करी। स्मार्टफोन के डाटा गूगल सर्वर तक पहुंच जाई। एकरा बाद एकरा के स्मार्टवॉच में रिले कईल जाई।

अपडेट कइसे मिल सकेला?

WearOS के इs अलर्ट सिस्टम ना सिर्फ भूकंप के अलर्ट जारी करी बालुक इहो बताई कि कवन इलाका में सबसे जादे खतरा बा अवुरी कवना दिशा में जाए में सुरक्षित होई। गूगल एह फीचर के वैश्विक स्तर पs लागू कईले बा। जल्दिए इs फीचर वियरओएस के संगे संगत स्मार्टवॉच में उपलब्ध हो जाई। उपयोगकर्ता के अपना घड़ी के सेटिंग में जाके लेटेस्ट सॉफ्टवेयर अपडेट करे के होई।

कई ब्रांड के स्मार्टवॉच गूगल के वेयरओएस पs काम करेले, जवना में पिक्सेल वॉच के अलावे सैमसंग अवुरी वनप्लस के स्मार्टवॉच शामिल बा। गूगल के इs नाया इमरजेंसी अलर्ट सिस्टम एs घड़ी में अपडेट के माध्यम से उपलब्ध होई। जब भूकंप आई तs स्मार्टवॉच कंपन करे लागी, जवना के माध्यम से यूजर के समझ में आ जाई कि आपातकालीन स्थिति बा। तकनीक के एह उन्नति से खासतौर पs अइसन इलाका में रहे वाला लोग के फायदा होखी जहाँ भूकंप के बहुत संभावना होखे, मने कि जहाँ भूकंप के संभावना सभसे ढेर होखे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे : सर्वाइकल से राहत पावे खातिर 3 गो योगासन, जानीं करे के सही तरीका

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-