बम से उड़ावे के धमकी, पूरा परिसर करावल गइल खाली

Share

दिल्ली के द्वारका जिला अदालत में बुध के सबेरे 11:30 बजे अचानक हंगामा मच गईल, जब जज तुरंत कोर्ट के कक्ष खाली करे के आदेश देले। सभे अदालत के जज अपना मोबाइल पs मैसेज मिलला के बाद सुरक्षा के कारण बतावत लोग से तुरंत कोर्ट परिसर से बाहर निकले के कहले। एकरा संगे सभ मामला के सुनवाई स्थगित कs के अगिला तारीख बतावे के भी कहल गईल।

अधिवक्ता राजेश कौशिक बतवले कि एs जानकारी के समय उs अपर सत्र न्यायाधीश गुरमोहिनी कौर के कोर्ट नंबर 511 में कोर्ट में मौजूद रहले, ओकरा बाद जज के जिला जज के ओर से व्हाट्सएप पs संदेश मिलल। इs संदेश पढ़ला के बाद जज तुरंत कोर्ट के कक्ष खाली करे के कहले। संगही उs कहले कि सभ मामला में अगिला तारीख दिहल जाई। अदालत कक्ष में मौजूद शिकायतकर्ता अवुरी आरोपी बाद में ए जानकारी के वेबसाइट प देख सकतारे। संगही उs कहले कि सभके सुरक्षा के बात होखला के चलते कोर्ट कक्ष अवुरी कोर्ट परिसर से सभके बाहर निकले के चाही।

भारी पुलिस बल के तैनाती

एs जानकारी के तुरंत बाद कोर्ट परिसर के भीतर अवुरी बहरी भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। एक ओर सुरक्षा एजेंसी हर आदमी के एक-एक क के कोर्ट परिसर से बाहर निकाले के काम अपना हाथ में लेले बिया। प्रवेश द्वार पूरा तरह से बंद कs दिहल गइल बा. हालांकि वकीलन के चैम्बर ब्लॉक खाली ना भइल. वकील उनुका कक्ष में मौजूद बाड़े। पुलिस परिसर के जांच में जुटल बिया। बम दस्ता आ अउरी एजेंसियन के जांच में लागल बा। खबर लिखे के समय तक कवनो आपत्तिजनक सामग्री नईखे मिलल। प्राथमिक स्तर पs ई एगो शरारती तत्व के काम लागत बा.

इहो पढ़ीं:शुरू भइल बिहार चुनाव के तैयारी, इलेक्शन कमीशन कसलस कमर, बूथ लेवल एजेंटन के दिहल जात बा ट्रेनिंग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-