Rohini Acharya के चलते छपरा में माहौल गरम, चुनावी रंजिश में गोलीबारी के बाद एगो आदमी के मौत; हंगामा के लेके पुलिस अलर्ट

Share

CHAPRA NEWS : छपरा में सोमार के मतदान रहे। चुनावी रंजिश के लेके छपरा शहर के नगर थाना क्षेत्र अंतर्गत तेलपा मोहल्ला में दू गो पक्षन के बीच गोली चलल। एमें एगो व्यक्ति के जान चल गइल बा। दो लोग लोग जख्मी बाड़े। दुनु घायलन के पटना रेफर कऽ दिहल गइल बा। एकर जानकारी होखते जिलाधिकारी अमन समीर आ एसपी डॉक्टर गौरव मंगल मौका पs पहुंच के मामला के तहकीकात कर रहले बाड़े।

छपरा। छपरा शहर के नगर थाना क्षेत्र के तेलपा मोहल्ला में मंगर के भोर में पूर्व के चुनावी रंजिश के लेके दू गो पक्षन में जमके बवाल हो गइल। एकरा बाद उहाँ गोलियो चलल। गोली लगला से बड़ा तेलपा निवासी नागेंद्र राय के 25 वर्षीय पुत्र चंदन राय के मौत हो गइल।

उहे, दू गो लोग के जख्मी हालत में छपरा सदर अस्पताल लिआवल गइल। जख्मी लोग में बड़ तेलपा निवासी मनोज राय आ गुड्डू राय बतावल जा रहल बाड़े। दुनु लोगन के प्राथमिक उपचार के बाद पटना रेफर कऽ दिहल गइल। एने, चंदन राय के मौत के बाद सदर अस्पताल में उनकर परिवार के लोग जम के हंगामा शुरू कऽ देलस।

मौका पऽ पहुंचले डीएम आ एसपी

एह गोलीबारी के सूचना मिलते जिलाधिकारी अमन समीर आ पुलिस कप्तान डॉक्टर गौरव मंगल मौका पs पहुंच के मामला के तहकीकात में जुट गइल बाड़े। मिलल जानकारी के मोताबिक, मतदान के दिने सोमार के बड़ा तेलपा के बूथ पs राजद प्रत्याशी डॉ रोहिणी आचार्य के पहुंचला पs दुनु समर्थकन के बीच विवाद भइल रहे।

शहर के थाना चौक पऽ हंगामा करत मृतक के परिवार

हालांकि, विवाद के सुलझा लिहल गइल रहे, बाकिर मंगर के विवाद फेर से उग्र रूप ले लेलस आ दुनु पक्ष आमने-सामने हो गइल। एकरा बाद जमके भइल विवाद में गोली चलावल गइल। गोली चलला से चंदन राय के मौत हो गइल बा। पुलिस सब बिंदुअन पs जांच पड़ताल कर रहल बिया।

जाति विशेष के लोगन पऽ गोली चलावे के आरोप

चंदन राय के घर वाला एगो जाति विशेष के लोगन पs गोली चलावे के आरोप लगा रहल बाड़े। बहरहाल पुलिस एकर जांच कर रहल बिया। चंदन राय के दहिना ओर से सीना में गोली लागल बा जवना से उनकर मौत भइल बा। घटना के लेके पूर्व मंत्री जितेंद्र राय सदर अस्पताल में पहुंचल बाड़े आ पूरा घटनाक्रम के जानकारी ले रहल बाड़े।

घटनास्थल पs मौजूद बाड़े डीएम आ एसपी

उऽ बतवले कि पूरा घटनाक्रम के जांच विशेष रूप से करावल जा रहल बा। जे दोषी पावल जाई ओकरा विरुद्ध सख्त कार्रवाई कइल जाई। उऽ एसपी से एह संबंध में बात कइले बाड़े।

साभार – दैनिक जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-