सेंट्र्ल डेस्क: चतुर्थ केदार रुद्रनाथ मंदिर के कपाट खुले के तइयारी सुरू हो गइल बा। बुध के शीतकालीन गद्दी स्थल गोपीनाथ मंदिर में विधिवत्त पूजा अर्चना के बाद चतुर्थ केदार रुद्रनाथ के उत्सव डोली बाहर निकालल गइल। एह दौरान मंदिर में पहुंचल भक्तगण भगवान रुद्रनाथ के डोली के दर्शन कइल लो।
दु दिनन तक रुद्रनाथ के डोली गोपीनाथ मंदिर परिसर में श्रद्धालुअन के दर्शनाथ रखल जाई। 16 मई के रुद्रनाथ के डोली अपना मंदिर खातिर प्रस्थान करी आ 17 के डोली रुद्रनाथ मंदिर में पहुंची। 18 मई प्रातः 6:00 बजे रुद्रनाथ मंदिर के कपाट विधि विधान से श्रद्धालुअन के दर्शनार्थ खोल दिहल जाई।
Post Views: 1,385