Doha Diamond League 2025: 90 मीटर से जादे के थ्रो के बावजूद दूसरका स्थान पs रहलें नीरज, जर्मनी के जूलियन बनलें विजेता

Anurag Ranjan
नीरज चोपड़ा - फोटो : PTI

स्पोर्ट्स डेस्क: दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता भारत के स्टार भाला फेंक एथलीट नीरज चोपड़ा दोहा डायमंड लीग में सानदार प्रदर्शन कइलें आ अपना करिअर में पहिला बेर 90 मीटर के थ्रो कइलें। एकरा बावजूद नीरज डायमंड लीग के दोहा चरण ना जीत सकलें। उनका के जर्मनी के जूलियन वेबर हरवलें जे छठा प्रयास में 91.06 मीटर के थ्रो कइलें। नीरज 90.23 मीटर के अपना सर्वश्रेष्ठ प्रयास के संगे दूसरका स्थान पs रहलें। ग्रेनाडा के एंडरसन पीटर्स 85.64 मीटर के सर्वश्रेष्ठ थ्रो के संगे तीसरका स्थान पs रहलें।

नीरज के सानदार सुरुआत

नीरज सबसे पहिले थ्रो करे अइलें आ ऊ पहिलके प्रयास में 88.44 मीटर के थ्रो कइलें। ओहिजा, उनकर प्रतिद्वंद्वी एंडरसन पीटर्स पहिला प्रयास में 85.64, जूलियन वेबर 83.82 आ जूलियस येगो 68.81 मीटर के थ्रो कइलें। ओहिजा, भारत के एगो आउर भाला फेंक एथलीट किशोर जेना पहिलका प्रयास में 68.07 मीटर के थ्रो के संगे सुरुआत कइलें। एह तरे नीरज पहिलका प्रयास में सबसे आगे रहलें।

दूसरका प्रयास फाउल करार

नीरज चोपड़ा दोहा डायमंड लीग में अच्छा सुरुआत कइलें, बाकिर दूसरका प्रयास में लय गड़बड़ा गइल आ फाउल कs बइठलें। ओहिजा, भारत के एगो आउर भाला फेंक एथलीट किशोर जेना दूसरका प्रयास में 78.60 मीटर के थ्रो कइलें। हालांकि, तीसरका प्रयास में नीरज आपन पिछला सब रिकॉर्ड तुड़लें आ करिअर के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइला के संगही 90 मीटर के तिलिस्म तुड़ दिहलें।

नीरज कइलें करिअर के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन

दोहा डायमंड लीग में हिस्सा लेवे वाला नीरज चोपड़ा सुक के 90 मीटर के आंकड़ा पार कs लेलें। नीरज तीसरका प्रयास में 90.23 मीटर के थ्रो कइलें। ई पहिला बेर बा जब नीरज अपना करिअर में 90 मीटर के थ्रो कइले बाड़ें। नीरज जब टोक्यो ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीतले रहस, ऊ ओहू बेरा 90 मीटर के थ्रो ना फेंक सकल रहस। पेरिस ओलंपिक के रजत पदक विजेता नीरज हमेसा कहले रहस कि उनका भरोसा बा कि ऊ एक दिन 90 मीटर के थ्रो करे में सफल रहिहें आ दोहा डायमंड लीग में ऊ एह बाधा के पार कs लेलें। नीरज के करिअर के ई सर्वश्रेष्ठ थ्रो हs। एकरा पहिले नीरज के करिअर के सर्वश्रेष्ठ थ्रो 89.94 मीटर रहे जवन ऊ 2022 स्टॉकहोम डायमंड लीग में बनवले रहस। तीसरका प्रयास में जूलियन वेबर 89.06 मीटर के थ्रो कइलें। ओहिजा, किशोर जेना तीसरका प्रयास में फाउल कs बइठलें। तीन प्रयास के बाद नीरज पहिला स्थान पs रहस।

अंतिम प्रयास में पिछड़लें नीरज

नीरज चउथा प्रयास में 80.56 मीटर के थ्रो कइलें, जबकि उनकर पांचवां प्रयास फाउल करार दिहल गइल। जर्मनी के जूलियन वेबर चउथा प्रयास में 88.05 मीटर के थ्रो कइलें, जबकि पांचवां प्रयास में 89.94 मीटर थ्रो फेंकला के बाद छठा आ अंतिम प्रयास में 91.06 मीटर के थ्रो कs के नीरज चोपड़ा के दूसरका स्थान पs खिसका देलें। नीरज अपना छठा प्रयास में 88.20 मीटर के थ्रो कs सकलें। नीरज पहिला बेर 90 मीटर के थ्रो कइला के बावजूद दूसरका स्थान पs रहलें। जूलियन एकरा संगही अपना करिअर के निजी सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइलें। भारत के किशोर जेना 78.60 मीटर के सर्वश्रेष्ठ थ्रो के संगे आठवां स्थान पs रहलें।

गुलवीर नवा स्थान पs रहलें

गुलवीर सिंह पुरुषन के 5000 मीटर दउड़ में 13:24.32 मिनट के संगे नवा स्थान पs रहलें। गुलवीर पहिला बेर डायमंड लीग में उतरल रहस। केन्या के रेनोल्ड चेरुयोत एह स्पर्धा में पहिला स्थान पs रहलें।

Read Also: BCCI: बीसीसीआई इंग्लैंड दौरा खातिर भारत ए टीम घोषित कइलस, करुण नायर के मिलल मवका; अभिमन्यु करिहें कप्तानी

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment