Sant Kabir Nagar News : दीपावली पs वृद्धाश्रम पहुंचलें डीएम, बुजुर्गन के हाल-चाल पूछ उपहार में देलें ऊनी साल आ मिष्ठान 

Share

संतकबीर नगर। दीपावली के सुभ अवसर पs जिलाधिकारी आलोक कुमार सियरासांथा इस्थित वृद्धा आश्रम पहुंचके 77 बुजुर्गन से भेंट कइलें। ऊ बुजुर्गन के कुशल-क्षेम पूछलें आ सबका के ऊनी साल आ मिष्ठान उपहार के रूप में देलें।

डीएम बुजुर्गन से बातचीत करत ओह लोगन के हालचाल पूछलें आ आश्रम में मिलत सेवासन के बारे में जानकारी लेलें। ऊ देखलें कि वृद्धाश्रम में बुजुर्गन खातिर भोजन, नाश्ता आ रहन-सहन के सुविधा कइसे उपलब्ध करावल जा रहल बा।

जिलाधिकारी आलोक कुमार सब बुजुर्गन के दीपावली के हार्दिक सुकामना देत उनकर स्वस्थ आ दीर्घायु जीवन के कामना कइलें। संगहीं, आश्रम के प्रबंधक के निर्देश देलें कि वृद्धाश्रम में मिलत हर सुविधा सुबेवस्थित आ साफ-सुथरा रहे।

एह मौका पs जिला समाज कल्याण अधिकारी महेंद्र कुमार, वृद्धाश्रम प्रबंधक अम्बिकेश्वर मणि तिवारी आ आश्रम परिवार के लोग मौजूद रहे।

Read Also: Gorakhpur University : सीएम योगी से भेंट कइली कुलपति पूनम टंडन, शिक्षा आ विकास पs भइल चरचा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-