[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election 2025 : तेजस्वी के वादा- चुनाव जीतला पs पंचायत प्रतिनिधियन के मिली पेंशन, जानल जानीं आउर का-का- वादा कइलें?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार चुनाव नजदीक बा आ तेजस्वी यादव लगातार नया-नया घोषणा कs रहल बाड़ें। माई-बहिन मान योजना, हर घर नौकरी, जीविका आ संविदाकर्मी के राज्यकर्मी दर्जा देवे के घोषणा के बाद अब तेजस्वी छोट-छोट काम करे वाला मेहनतकस लोगन खातिर बड़ एलान कइले बाड़ें। अतवार के भोर में पोलो रोड आवास पs प्रेस वार्ता में ऊ कइयन गो अहम बात कहलें।

नेता प्रतिपक्ष कहलें- “हमनी के केहू के नुकसान नइखी सs कइले, आ हमनी से केहूओ के शिकायत नइखे। जनता 20 साल से NDA पs भरोसा कइले बिया। हमनी के बस 20 महीना समय मांगतानी सs। हमरा भरोसा बा कि बिहार के जनता अबकि बेर बदलाव करी आ महागठबंधन के सरकार बनींं।”

आज के दिन तेजस्वी यादव एह चुनाव खातिर बहुते खास मानत बाड़ें।

पंचायत आ ग्राम कचहरी प्रतिनिधियन खातिर बड़ फैसला

तेजस्वी यादव घोषणा कइलें–

  • महागठबंधन के सरकार बनतही पंचायत प्रतिनिधि आ ग्राम कचहरी प्रतिनिधि के मानदेय दूगुना होई।
  • एह सग लोगन के पेंशन देवे के बेवस्था सुरू होई
  • सभ प्रतिनिधियन के 50 लाख रूपिया बीमा करावल जाई
  • जन वितरण प्रणाली के वितरक के मानदेय बढ़ावल जाई
  • प्रति क्विंटल मार्जिन मनी में बढ़ोतरी होई
  • अनुकंपा बहाली में 58 साल के नियम लागु होई
    नाई, बढ़ई, कुम्हार, लोहार जइसन मेहनतकस वर्ग के 5 लाख रूपिया एकमुश्त सहायता ताकि ऊ लोग अपना धंधा सुरू कs सके।

तेजस्वी कहलें-

  • “जनता आजिल आ गइल बिया। जाति-धर्म से ऊपर उठके लोग हमनी के रैली में बड़ संख्या में आ रहल बा”
  • अपराध, भ्रष्टाचार चरम पs बा
  • 20 साल पुरान सरकार अब काम के नइखे
  • अमित शाह खुद कह देलें कि बिहार में कारखाना ना लगा सकनी सs
  • गुजरात में सब सुविधा, बिहार में कुछुओ ना

तेजस्वी आरोप लगवले-

  • “बीजेपी बस बिहार के अंगूठा देखवे के काम कइले बिया”
  • जनता अब ओह लोग के चाल-चरित्र समझ गइल बिया

अंत में तेजस्वी कहलें कि “बिहार के जनता बदलाव चाहत बिया, अबकि बेर बदलाव जरूर होई”

Read Also: Bihar Election 2025 : मोहनियां से राजद उम्मीदवार श्वेता सुमन के नामांकन रद्द, कहलीं- हमरा संगे अन्याय भइल

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]