[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur University : सीएम योगी से भेंट कइली कुलपति पूनम टंडन, शिक्षा आ विकास पs भइल चरचा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन मंगर के गोरखनाथ मंदिर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से शिष्टाचार भेंट कइली। ऊ मुख्यमंत्री से आशीर्वाद आ मार्गदर्शन प्राप्त कइली।

एह मौका पs शिक्षा, विकास आ सुशासन से जुड़ल विषय पs सार्थक बातचीत भइल। ई चरचा खास कs के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ गोरखपुर शहर के समग्र विकास से जुड़ल रहल।

मुख्यमंत्री योगी विश्वविद्यालय में चलत पीएम-यूषा योजना के प्रगति के समीक्षा कइलें। संगही आउर विकास परियोजनन के जानकारी लेलें। ऊ सुझवलें कि विश्वविद्यालय के कृषि आ प्राकृतिक विज्ञान संस्थान से कृषि विज्ञान केंद्र (KVK) के जोड़ल जावs, ताकि इलाका में कृषि अनुसंधान आ नवाचार के बढ़ावा मिल सके।

मुख्यमंत्री विश्वविद्यालय में आयोजित होखे वाला सैमसंग इनोवेशन कैंपस के प्रमाणपत्र वितरण समारोह में सामिल होखे के सहमति देलें। संगही नेशनल बुक ट्रस्ट (NBT) के ओर से आयोजित पुस्तक मेला में आवे के सहमति जतवलें।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन विश्वविद्यालय परिवार के ओर से मुख्यमंत्री के आभार जतवली आ आश्वासन देली कि विश्वविद्यालय शिक्षा, अनुसंधान आ नवाचार के क्षेत्र में प्रदेश के अग्रणी संस्थान बने के दिशा में निरंतर प्रयास करत रही।

Read Also: Neeraj Chopra: भारतीय सेना में लेफ्टिनेंट कर्नल बनलें नीरज चोपड़ा, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह देलें उपाधि

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]