किराया के लेके भइल विवाद, ऑटो चालक महिला के पीछे बांध के 200 मीटर ले घसीटलस.. 

Share

 

 

महाराष्ट्र के कोल्हापुर में ऑटो किराया के लेके एगो महिला के ऑटो ड्राइवर से बहस हो गईल। विवाद एतना बढ़ गईल कि ऑटो चालक महिला के बेरहमी से ऑटो के पीछे बांध के 200 मीटर घसीटत उहाँ से ले गईल। ए दुर्घटना में महिला बहुत घाही हो गईल। पूरा घटना के वीडियो सड़क पs लागल सीसीटीवी में कैद हो गईल अवुरी सोशल मीडिया पs वायरल होखे लागल। घटना के बारे में बतावल जाता 6 जुलाई के दुपहरिया 2 बजे। मामला पुलिस के संज्ञान में आ गईल बा अवुरी सीसीटीवी के आधार पs पुलिस आरोपी ऑटो चालक के तलाश में जुटल बिया।

ऑटो चालक महिला के घसीटलस 200 मीटर

वायरल वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि सड़क ps एगो ऑटो तेजी से दौड़त देखाई देता। ऑटो के पीछे एगो महिला बान्हल बिया जवन सड़क पs घसीटात बिया। ऑटो चालक महिला के बान्ह के घसीटत जात बा। दूसर ओर एगो युवक महिला के बचावे खाती ऑटो के रोके के कोशिश करता, लेकिन ऑटो ड्राइवर ब्रेक ना लगावेला अवुरी अपना ऑटो के अवुरी तेज क देवेला। जबकि कुछ लोग महिला के बचावे खातीर ऑटो के पीछे भागत देखाई देतारे। वीडियो देखला के बाद समझल जा रहल बा कि कइसे गुस्सा के जहर जनता में भर गईल बा। जे लोग इंसानियत के भुला के लोग के साथे अमानवीय व्यवहार करत लउकेला।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-