जयपुर में बाइक टक्कर के बाद भइल विवाद, मारपीट के दउरान 18 वर्षीय युवक के मउत, इलाका में फइलल तनाव

Minee Upadhyay

 

राजस्थान के जयपुर में सड़क दुर्घटना के बाद बड़ विवाद देखाई देता। इहाँ सुभाष चौक थाना क्षेत्र के मेहरा कॉलोनी के नजदीक दु बाइक सवार एक दूसरा से टकरा गईले। बाइक के टक्कर के बाद दुनो बाइक सवार एक दूसरा से झगड़ा शुरू कs देले। एह दौरान उहाँ मौजूद लोग बीच में आके दुनो लोग के लड़ाई मत करे के सलाह देले। एकरा बाद एक बाइक सवार उहाँ से निकल गईल लेकिन दूसरा बाइक सवार कॉलोनी के निवासी से दुश्मनी लेके ओ लोग से लड़ाई लड़लस। ए दौरान कालोनी के लोग अवुरी बाइक सवार के बीच भयंकर झगड़ा भईल। ए झगड़ा में 18 साल के बाइक सवार इकबाल के मउत हो गईल बा।ए घटना के बाद से इलाका के स्थिति तनावपूर्ण बा। एकरा अलावे एसटीएफ के संगे कई थाना के बल के मउका पs तैनात कईल गईल बा।

राजस्थान में एह हफ्ता दुर्घटना भइल

एकरा से पहिले राजस्थान के भिवाड़ी के टपूकडा थाना क्षेत्र में एगो बाइक सवार, उनुकर पत्नी अवुरी उनुका गर्भवती बेटी के सड़क दुर्घटना में मउत हो गईल रहे। एह घटना में रात में टेम्पो बाइक के टक्कर मार दिहलस। ए मामिला पs पुलिस अधिकारी भगवान सहाय शर्मा बतवले कि ए दुर्घटना में मरेवाला लोग के पहचान ज्ञान सिंह, उनुकर पत्नी 48 साल अवुरी बेटी सुनीता के रूप में भईल बा। उ बतवले कि दुर्घटना के समय ज्ञान सिंह अपना परिवार के संगे खेत से लवटत रहले। अधिकारी बतवले कि मंगलवार के पोस्टमार्टम के बाद लाश के परिजन के सौंप दिहल गईल बा। पुलिस टेम्पो जब्त क लेले बिया, जबकि ऑटो चालक अबे ले फरार बा।

एकरा से पहिले शनिवार के रात बाड़मेर जिला में एगो बस खड़ा डंपर से टकरा के सरकारी स्कूल के प्रिंसिपल अवुरी एगो छात्र के मउत हो गईल रहे। एह हादसा में 20 लोग घवाहिल हो गइले। पुलिस के कहना बा कि सेहलऊ गाँव के लगे बस डंपर से टकरा गइल जवना में सरकारी स्कूल के प्रिंसिपल मोहम्मद इब्राहिम (50) आ 13 बरीस के एगो छात्रा के मउत हो गइल। उ बतवले कि जब इ लोग जालोर में आयोजित संगीत प्रतियोगिता में भाग लेला के बाद बाड़मेर के दतनी लवटत रहले। जिला प्रशासन के एगो अधिकारी बतवले कि स्वामी विवेकानंद गवर्नमेंट मॉडल स्कूल दतनी के टीम प्रतियोगिता में भाग लेवे खातीर जालोर के रानीवाड़ा गईल रहे। विद्यार्थियन के साथे प्रधानाध्यापक आ तीन गो शिक्षक भी रहले। अधिकारी बतवले कि गंभीर रूप से घाही तीन लईकी के जोधपुर के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जबकि बाकी घाही के इलाज बाड़मेर में होखता।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।