स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 विश्व कप में सुपर-8 के तस्वीर अब पूरा तरे साफ हो गइल बा। भारत आ पाकिस्तान सहित आठ गो टीम एह दौर में जगह बना लेलस। एक बेर के चैंपियन ऑस्ट्रेलिया टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बा, जबकि जिम्बाब्वे सानदार खेल देखावत सुपर-8 में एंट्री मार लेलस। भारत के आसान ग्रुप मिलल बा आ सेमीफाइनल में पहुंचे के रास्ता लगभग तय मानल जा रहल बा।
सुपर-8 में भारत आपन अभियान 22 फरवरी से सुरू करी। पहिला मुकाबला में मवजूदा चैंपियन भारत के सामना पिछला बेर के उपविजेता साउथ अफ्रीका से होई। एह मुकाबला से टूर्नामेंट के रोमांच आउर बढ़ जाई। आगे चल के सेमीफाइनल में भारत आ पाकिस्तान के भिड़ंत के पूरा संभावना बा, जवन फैंस खातिर बड़ मुकाबला साबित हो सकेला।
T20 World Cup Super 8 के पूरा शेड्यूल
- 21 फरवरी, सनिचर: न्यूजीलैंड बनाम पाकिस्तान – सांझ 7 बजे, कोलंबो
- 22 फरवरी, अतवार: श्रीलंका बनाम इंग्लैंड – दुपहरिया 3 बजे, कैंडी
- 22 फरवरी, अतवार: भारत बनाम साउथ अफ्रीका – सांझ 7 बजे, अहमदाबाद
- 23 फरवरी, सोमार: वेस्टइंडीज बनाम जिम्बाब्वे – सांझ 7 बजे, मुंबई
- 24 फरवरी, मंगर: इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान – सांझ 7 बजे, कैंडी
- 25 फरवरी, बुध: श्रीलंका बनाम न्यूजीलैंड – सांझ 7 बजे, कोलंबो
- 26 फरवरी, बियफे: साउथ अफ्रीका बनाम वेस्टइंडीज – दुपहरिया 3 बजे, अहमदाबाद
- 26 फरवरी, बियफे: भारत बनाम जिम्बाब्वे – सांझ 7 बजे, चेन्नई
- 27 फरवरी, सुक: इंग्लैंड बनाम न्यूजीलैंड – सांझ 7 बजे, कोलंबो
- 28 फरवरी, सनिचर: श्रीलंका बनाम पाकिस्तान – सांझ 7 बजे, कैंडी
- 1 मार्च, अतवार: साउथ अफ्रीका बनाम जिम्बाब्वे – दुपहरिया 3 बजे, दिल्ली
- 1 मार्च, अतवार: भारत बनाम वेस्टइंडीज – सांझ 7 बजे, कोलकाता
भारत के T20 WC Super 8 शेड्यूल
- 22 फरवरी: भारत बनाम साउथ अफ्रीका – सांझ 7 बजे, अहमदाबाद
- 26 फरवरी: भारत बनाम जिम्बाब्वे – सांझ 7 बजे, चेन्नई
- 1 मार्च: भारत बनाम वेस्टइंडीज – सांझ 7 बजे, कोलकाता
Read Also: 19 फरवरी 2026 के राशिफल
Post Views: 42






