Dhanbad: झारखंड में घर पs गिरल ग्लाइडर, 3 गंभीर: 10 मिनट के हवाई सफर में आकाश से देखल जा सकत रहे शहर; तकनीकी खराबी के बाद हादसा

Share

धनबाद शहर के आसमान से दिखावे वाला ग्लाइडर उड़ान के बाद जमीन पs गिर गइल बा। एह हादसा मे दु लोग गंभीर रूप से घायल बा। कोयलांचल में शहर के ऊपर उड़ान के दौरान ई हादसा भइल।

तनी देर हवा में चक्कर लगवला के बाद ग्लाइडर एगो घर के ऊपर गिरल।

 

बरवाअड्डा हवाई पट्टी से उड़ान भरके एगो ग्लाइडर शहर के ऊपर चक्कर लगावत रहे। एही दौरान ग्लाइडर में तकनीकी खराबी अइला के वजह से उ बेकाबू होके बिरसा मुंडा पार्क के लगे एगो घर पs जा गिरल।

ग्लाइडर बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल बा। ओह पs सवार दु लोग गंभीर रूप से घायल बा। आनन-फानन में स्थानीय लोगन के मदद से लगे के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जहां ओह लोगन के इस्थिति गंभीर बनल बा।

हादसा के बाद स्थानीय लोगन के मदद से घायलन के अस्पताल पहुंचावल गइल।

 

घटना के बाद मवका पs स्थानीय लोगन के बहुते भीड़ एकत्रित हो गइल बा। जवना के नियंत्रित करे में पुलिस जुटल बिया।

पिछला कुछ दिनन से सफल रहे स्कीम

ग्लाइडर पिछला कुछ दिनन से लोगन के धनबाद शहर देखावत रहे। 80 एचपी के सिंगल इंजन आ 2 सीट वाला मोटर ग्लाइडर आ एकरा के उड़ावे खातिर कविशेषज्ञो मवजूद रहे। एह योजना के सुरुआत के संगही उम्मीद कइल गइल रहे कि ई लोगन के खूब पसंद आई।

हादसा के बाद पुलिस मवका पs पहुंचके जांच सुरू कs देले बिया।

 

1200 किमी तक के उड़ान भर सकत बा आ 14 हजार फीट के ऊंचाई तक जा सकत बा। एमें पायलट के संगे एगो आदमी के बइठे के जगह होला। स्कूली लईका 400 रुपिया देके हवाई अड्डा से 10 मिनट तक शहर के आसपास के हवाई सैर कs सके लो अइसन योजना रहे। हादसा के बाद लोगन में डर के  माहौल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-