देवी पचरा: शालिनी दूबे के आवाज में यायावरी वाया भोजपुरी पऽ रिलीज भइल पारंपरिक देवी पचरा ‘माई के मंदिर’

Share

भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पऽ आज बियफे के परंपरागत देवी पचरा ‘माई के मंदिर’ शालिनि दूबे के आवाज में रिलीज भइल हऽ।

लोक खनक के साथे रिलीज भइल देवी पचरा 

“यायावरी वाया भोजपुरी” के ओर से लोक खनक के साथे रिलीज भइल भोजपुरी परंपरागत देवी पचरा ‘शालिनी दूबे’ के आवाज से सजल बा। शालिनी दूबे हाल फिल्हाल में जानल चिन्हल नांव बाड़ी। म्यूजिक प्रोडक्शन के जिम्मा ‘आरसी प्रोडक्शन’ के सुशांत देव आ रवि शंकर विश्वकर्मा उठवले बाड़न। फिल्मांकन के जिम्मा “वन शॉट फिल्म्स” के टीम निभवले बिया जेमे सुमित तिवारी, सुधांशु आ पिंटू प्रमुख बाड़े। इ गीत unpluged फार्मेट में शूट कइल गइल बा जवना में गायिका शालीनी दूबे खुदे अभिनय कइले बाड़ी।

गीत सुने खातिर लिंक प क्लिक करीं

बता दीं कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” अपना ऐप पऽ देस-बिदेस के कहानियन के सुनावे खातिर जानल जाला। एकरा संगे यूट्यूब चैनल पs हर महीना पारंपरिक, लोक संस्कृति आ भक्ति रस से भरल गीतन के निर्माण कऽ के यूट्यूब चैनल के माध्यम से ‘लोक के लोग’ तक पहुंचावे के काम संस्था द्वारा कइल जाला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-