Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Deoria: ऑनलाइन गेम में बाजी हार गइला पऽ कक्षा छह के छात्र कइलस खुदकुशी

46

इलाका के पोखरभिंडा गांव निवासी छठवीं कक्षा के छात्रा नितिन शर्मा के लाश शुक के सांझ कमरा में पंखा से लागल पाश से लटकत मिलल। बतावल जाता कि ऑनलाइन गेम में करीब 2.5 लाख रुपया के नुकसान के चलते उऽ कुछ दिन तक डिप्रेशन में रहले। पोखरभिंडा गांव निवासी अंगद शर्मा के बेटा नितिन शर्मा (15) सांझ के घर में रहले, जबकि उनकर दादी अउरी माई कवनो काम खातिर भलुआनी गइल रहली। बाजार से दादी आ माई जब घरे लवटली तऽ भीतर से दरवाजा बंद रहे। आवाज लगवला के बाद भी नितिन ना तऽ कवनो जवाब देले, ना दरवाजा खोलले। कई बेर फोन कइला के बादो जब कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल तऽ दरवाजा तुड़ल गइल। एकरा बाद जब लोग घर में घुसल तऽ नितिन के लाश साड़ी के पाश के मदद से कमरा में पंखा से लटकल मिलल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पऽ पहुंच के पंचनामा भर के लाश परिवार के सौंप देलस। हालांकि सीओ आदित्य कुमार गौतम कहले कि मामला उनका संज्ञान में नईखे। निरीक्षक भलुआनी रामज्ञा सिंह बतवले कि परिवार ना चाहत रहे कि पोस्टमार्टम होखे।

991530cookie-checkDeoria: ऑनलाइन गेम में बाजी हार गइला पऽ कक्षा छह के छात्र कइलस खुदकुशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.