Deoria News : देवरिया में किन्नर आरपीएफ इंस्पेक्टर के सदर रेलवे स्टेशन पऽ दउड़ाके पीटले सs, वीडियो वायरल

Share

देवरिया। सदर रेलवे स्टेशन पऽ अतवार के रात तकरीबन 11 बजे किन्नर, आरपीएफ इंस्पेक्टर पऽ ओह समय हमलावर हो गइले सs जब ऊ यात्रियन से विवाद करत किन्नरन के समझावे खातिर पहुंचल रहस।

यात्री से विवाद छोड़ किन्नर आरपीएफ इंस्पेक्टर आस मोहम्मद पऽ हमलावर हो गइले सs आ उनकरा के पीटे खातिर दउड़ा लेलें सs। किन्नर उनकरा ऊपर डंडा, डस्टबिन आदि से प्रहार कइले सs। मवका पऽ पहुंचल आरपीएफ के सिपाही बीच बचाव कइल लो।

जीआरपी में किन्नरनन के विरुद्ध मुकदमा दर्ज कs लिहल गइल बा। जीआरपी एह ममिला में दुगो किन्नर के हिरासत में लेले बा। एकर वीडियो इंटरनेट मीडिया पऽ वायरल होत बा।

बता दीं रात में किन्नर यात्री से रुपया के मांग करत रहलें सs। एह बीच प्लेटफार्म पऽ एगो यात्री से किन्नर से बतकही के बाद ममिला बिगड़ गइल। ओकरा बाद किन्नर फोन कs के अपना आउर साथियन के बुला लेलें सs आ उहां विवाद के बाद मारपीट के इस्थिति बन गइल।

Read Also: Semicon India 2025 : पीएम मोदी आज करिहें सेमीकॉन इंडिया के उद्घाटन; 48+ देसन के करीब 2500 प्रतिनिधि लिही लो भाग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-