Bomb Threat : ‘दिल्ली खालिस्तान बन जाई…’, 9 स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी, मवका पs पहुंचल बम स्क्वॉड

Share

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली में सोमार के सबेरे तब अफरा-तफरी मच गइल, जब शहर के अलग-अलग इलाकन में इस्थित 9 नामी स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल। ई धमकी भरल ईमेल सबेरे करीब 8:30 से 9:00 बजे के बीच स्कूल प्रशासन के मिलल, जवन मिलतही सुरक्षा एजेंसियन में हड़कंप मच गइल आ सभे अलर्ट मोड में आ गइल।

स्कूलन के भेजल गइल ईमेल में लिखल रहे-“दिल्ली खालिस्तान बन जाई, पंजाब खालिस्तान हs, अफजल गुरु के इयाद में।” जइसही ईमेल मिलल, स्कूल प्रशासन बिना देरी कइले दिल्ली पुलिस के जानकारी देलस। ओकरा बाद पुलिस, फायर ब्रिगेड आ बम स्क्वॉड के टीम तुरंत मवका पs पहुंच गइली सs आ स्कूल परिसर के गहन तलाशी सुरू कइलस।

धमकी के गंभीरता से लेते कई स्कूलन में छात्रन के क्लासरूम से बाहर निकाल के सुरक्षित जगहन पर ले जाइल गइल। कुछ स्कूलन में एहतियातन छुट्टी घोषित कर दीहल गइल, त कुछ जगह अभिभावकन के तुरंत सूचना दे के बच्चन के ले जाए के व्यवस्था कइल गइल।

जवना स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल, ओमे दिल्ली कैंट इस्थित लोरेटो कॉन्वेंट स्कूल, दक्षिणी दिल्ली के कैंब्रिज स्कूल आ द इंडियन स्कूल, रोहिणी के वेंकेटेश्वर स्कूल, सीएम स्कूल, बाल भारती स्कूल, न्यू फ्रेंड्स कॉलोनी के कैंब्रिज स्कूल, आईएनए इलाका के डीटीए स्कूल आ पूर्वी दिल्ली के एहल्कॉन पब्लिक स्कूल सामिल बा।

प्राथमिक जांच में अभी ले कवनो स्कूल परिसर से संदिग्ध वस्तु भा विस्फोटक बरामद नइखे भइल। हालांकि दिल्ली पुलिस एह धमकी के फरजी मान के हल्का में लेवे के मूड में नइखे। पुलिस हर एंगल से ममिला के जांच कs रहल बिया। पुलिस के मोताबिक, धमकी भरल ईमेल के सोर्स पता करे के कोसिस तेज कs दिहल गइल बा। एह काम में साइबर यूनिट आ टेक्निकल टीमन के लगावल गइल बा।

गौर करे लायक बात बा कि एकरा से पहिलहू दिल्ली आ देस के आ बड़-बड़ शहरन में स्कूलन आ सरकारी इमारतन के बम से उड़ावे के फरजी धमकी मिल चुकल बा। बाद में जांच में सामने आइल कि एह तरे के धमकी के मकसद खाली दहशत फइलावल रहे।

दिल्ली पुलिस अभिभावकन आ आम लोगन से अपील कइले बिया कि अफवाह पs ध्यान मत दीं। पुलिस के कहनाम बा कि सब प्रभावित स्कूलन में हालात पूरा तरे नियंत्रण में बा आ सुरक्षा के पूरा इंतजाम कइल गइल बा।

Read Also: Gold Silver Price : आज सर्राफा बाजार में तेजी, चांदी ₹14,800 उछलल, सोना करीब ₹3,000 महंगा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-