Delhi Fire : दिल्ली के साध नगर में लागल आग से मचल हड़कंप, एके परिवार के 9 लोग फंसल, फायर ब्रिगेड बचाव में जुटल

Share

नई दिल्ली। दक्षिण-पश्चिम दिल्ली के साध नगर इलाका में बुध के दिन एगो इमारत में आग लगला से अफरा-तफरी मच गइल। आग लगला के बाद बिल्डिंग के अंदर एके परिवार के नव लोग फंस गइल, जवना के सुरक्षित बाहर निकाले खातिर राहत आ बचाव अभियान तेज कs दिहल गइल बा।

घटना के सूचना मिलतही दमकल विभाग, दिल्ली पुलिस आ एंबुलेंस के कइयन गो गाड़ी तुरंते मवका पs पहुंच गइल। दमकल कर्मी आग पs काबू पावे के कोसिस करत बाड़ें आ संगे-संगे इमारत में फंसल लोगन के बाहर निकाले में जुटल बाड़ें।

सुरुआती जानकारी के मोताबिक आग बिल्डिंग के एगो हिस्सा में लागल, जवना से धुआं तेजी से पूरा बिल्डिंग में फइल गइल आ परिवार के सब सदस्य अंदर फंस गइल। धुआं के चलते हालात आउर गंभीर हो गइल बा।

मवका पs मवजूद राहत टीम लगातार लोगन के सुरक्षित बाहर निकाले खातिर कोसिस करत बिया। अभी तक आग लागे के सही कारण के पता नइखे चल सकल। अधिकारियन के कहनाम बा कि हालात पs लगातार नजर राखल जा रहल बा आ जल्दिये आग पs पूरा तरे काबू पा लिहल जाई।

Read Also: Bengal Assembly Election : टीएमसी जारी कइलस 291 उम्मीदवारन के लिस्ट, भवानीपुर से ममता बनर्जी आ शुभेंदु अधिकारी के मुकाबला तय

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-