अरविंद केजरीवाल के मिली जमानत? दिल्ली हाईकोर्ट फैसला सुरक्षित रखलस, रेग्यूलर बेल पs 29 जुलाई के होई सुनवाई

Share

 

 

मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के अंतरिम जमानत अवुरी सीबीआई के गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs दिल्ली हाईकोर्ट आपन फैसला सुरक्षित रखले बिया। केजरीवाल के नियमित जमानत के सुनवाई 29 जुलाई के होई। कोर्ट कहलस कि अंतरिम जमानत पs फैसला सुरक्षित राखल बा।  फैसला लिखे में 5-7 दिन लागी।

केजरीवाल समाज खातिर खतरा नइखे-सिंघवी

एही बीच आज सुनवाई के दौरान सीबीआई के वकील अवुरी केजरीवाल के वकील अभिषेक मनु सिंघवी के बीच कोर्ट में गरमागरम बहस भईल। सीबीआई जहां अरविंद केजरीवाल के जमानत के कड़ा विरोध कईलस, उहें सिंघवी कहले कि अरविंद केजरीवाल समाज खातीर खतरा नईखन।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-