Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली: तिहाड़ जेल में 125 कैदी HIV पॉजिटव, 200 कैदियन के सिफलिस के बीमारी,मचल हड़कंप

373
Google Ads 300*250 for posts

 

दिल्ली के तिहाड़ जेल से चौंकावे वाला खबर सामने आईल बा। इहाँ 125 कैदी एचआईवी पॉजिटिव पावल गईल बाड़े। असल में दिल्ली के तिहाड़ जेल में तीन जेल बा, तिहाड़, रोहिणी अवुरी मंडोली। इहाँ ही ई संक्रमित कैदी मिलल बाड़े। एचआईवी पॉजिटिव कैदी कवनो नया बात नइखे, ऊ लोग पहिलहीं से एड्स से पीड़ित बा. दू सौ कैदियन में सिफलिस पावल गइल बा.

पूरा मामिला का बा?

तिहाड़ में करीब साढ़े दस हजार कैदियन के मेडिकल स्क्रीनिंग करावल गइल बा. जेल में लगभग 14 हजार कैदी बाड़े। तिहार जेल में कैदियन के मेडिकल स्क्रीनिंग समय-समय पs कइल जाला. हालही में नयका डीजी सतीश गोलचा तिहार जेल के जिम्मा सम्हारला के बाद मई आ जून में साढ़े दस हजार कैदियन के मेडिकल जांच करावल गइल.

साढ़े दस हजार कैदियन के एचआईवी जांच भइल जवना में से 125 कैदी एचआईवी पॉजिटिव पावल गइलें. मतलब कि 125 कैदी के एड्स के बेमारी पावल गईल। हालांकि इहाँ जवन बात ध्यान देवे के बा उs इs कि एs कैदी के हाल में एड्स नईखे भईल, बाकिर अलग-अलग समय पs अवुरी जब इs कैदी बहरी से जेल में आईल रहले तs मेडिकल टेस्ट भी करावत रहले अवुरी तबहूँ एचआईवी पॉजिटिव रहले।

जेल आवे से पहिले कैदियन के मेडिकल चेकअप करावल जाला. तब से उs एड्स के शिकार हो गईले। अब फेरु जब कई गो कैदियन के जांच भइल तs एह 125 कैदियन के एड्स के शिकार पावल गइल. एकरा अलावे साढ़े दस हजार कैदी में से 200 कैदी सिफलिस से पीड़ित पावल गईल।

टीबी के कवनो मामिला पॉजिटिव नईखे 

कैदी के जांच में टीबी के कवनो मामिला पॉजिटिव नईखे आईल। तिहाड़ जेल के सुरक्षात्मक सर्वेक्षण विभाग एम्स अवुरी सफदरजंग अस्पताल के सहयोग से महिला कैदी के गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर के जांच कईले रहे। इs जांच एहसे कईल जाला कि महिला में अक्सर गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर के संभावना होखेला।

ई जांच एहतियात के तौर पs कइल जाला ताकि अगर केहू के गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर के जांच पॉजिटिव निकलल तs शुरू में ही ओकर बढ़िया इलाज करावल जा सके। अइसन नइखे कि ई टेस्ट पॉजिटिव आते ही कैंसर के पता चल जाला, बस इहे बा कि अगर पता चल जाव कि गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर के संभावना बा तs समय पs जांच करा के इलाज हो सकेला।

 

 

909060cookie-checkदिल्ली: तिहाड़ जेल में 125 कैदी HIV पॉजिटव, 200 कैदियन के सिफलिस के बीमारी,मचल हड़कंप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.