सामने आईल Aliens के लाश ! मेक्‍स‍िको के संसद में भइल पेश, वैज्ञान‍िकन के दावा से दुनिया हैरान

Share

 

 

 

एलियन के मौजूदगी के लेके दुनिया भर में बहुत कहानी सामने आ रहल बा। लेकिन आज तक कवनो सबूत सामने नईखे आईल। पहिला बेर वैज्ञानिक दुगो कथित एलियन के लाश के दुनिया में ले आके इंटरनेट पs हंगामा मचवले बाड़े। ई सब मेक्सिको के संसद के सोझा खोलल गइल। वैज्ञानिकन के दावा बा कि पेरू के कुस्को से एलियन के ई लाश बरामद भइल बा। बतावल जाता कि इ लाश हजार साल से जादे पुरान बा।

मैक्सिकन संसद में एगो आधिकारिक कार्यक्रम के दौरान वैज्ञानिक दुगो कथित एलियन के लाश दुनिया के सोझा पेश कईले। मेक्सिकन यूफोलॉजिस्ट जैमे मौसन एह एलियनन के लाश के बखान कइले बाड़न। बता दीं कि जैमे मौसन दशकन से अइसनका घटना पs काम करत बाड़न। एलियन पs उनकर शोध काफी लंबा बा। सोशल मीडिया पs वायरल होखत ए क्लिप में आप देख सकतानी कि दुगो लाश के एगो डिब्बा में राखल बा। इनका के इंसान से अलग बतावल जा रहल बा। जब ई सब होखत रहे त अमेरिकन्‍स सेफ एयरोस्‍पेस के कार्यकारी निदेशक आ अमेरिकी नौसेना के पायलट रचान ग्रेव्स भी मौजूद रहले। उ एकरा के गजब के भी कहले।

डीएनए के सबूत के भी विश्लेषण कईल गईल

वैज्ञानिक के दावा बा कि इ लाश यूएफओ के मलबा से बरामद भईल बा। ई यूएफओ पेरू के कुस्को में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे।ई लाश सदियन से मलबा के नीचे दबाइल रहे आ बाद में जीवाश्म में बदल गइल रहे। जब मिलल त लइकी के एगो डिब्बा में राखल गइल। वैज्ञानिक लोग रेडियोकार्बन डेटिंग के मदद से एकर डीएनए सबूत के भी विश्लेषण कईले बा। पावल गइल कि ई हजार साल से अधिका पुरान बा। हार्वर्ड खगोल विज्ञान विभाग के निदेशक प्रोफेसर अब्राहम अवी लोएब के वीडियो कॉल के माध्यम से एह कार्यक्रम से जुड़ल रहले। उ मैक्सिकन सरकार से निहोरा कईले कि उ एलियन के संभावना पs अवुरी काम करे के अनुमति देवे।

वीडियो देख के लोग हैरान 

ई वीडियो ट्विटर पs @IndianTechGuide अकाउंट से शेयर कइल गइल बा। अबले एकरा के 2.59 लाख से अधिका बेर देखल गइल बा। 5000 से ज्यादा लाइक मिलल बा। वीडियो देख के लोग हैरान बाड़े। एगो यूजर लिखले बाड़न कि अगर ई 2005 भा 2010 के रहित त हम पूरा तरह से चौंक गइल रहतीं। लेकिन जदी 2023 में इ बात सोझा आई त अधिकांश लोग मान सकतारे कि इ सही होई। एगो अउरी लिखले बा, मेक्सिको में एगो खुलासा दिलचस्प आ दुर्लभ। कस्को के एगो प्राचीन गुफा में मिलल कथित विदेशी लाश। वैज्ञानिक लोग अनजान रहस्य के खोज कइल, ब्रह्मांड के खोज कइल, सच्चाई के बीज बोवल गइल। खबर भोजपुरी एह वीडियो के कन्फर्म नइखे करत। लेकिन खबर के मुताबिक एकरा के सही बतावल गईल बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-