DDU Annual Atheletics Meet : वार्षिक एथलेटिक मीट के भइल भव्य उद्घाटन, कुलपति प्रो. पूनम टंडन बोलली- खेल से होला मनुष्यता के विकास

Annual Athletic Meet 2025 inauguration at Deen Dayal Upadhyaya Gorakhpur University with students and faculty participating in march past and sports events.

Share

गोरखपुर। विश्वविद्यालय आ जिनगी में विकास खातिर कवनो न कवनो खेल से जुड़ल जरूरी बा। खेल से मनुष्य में अनुशासन, एकजुटता आ समर्पण के भावना पैदा होला। ई बात दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में आयोजित तीन दिवसीय वार्षिक एथलेटिक मीट 2025-26 के उद्घाटन करत कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन कहली।

ऊ कहली कि शिक्षण संस्थान खिलाड़ी लोग के पालन-पोषण के नर्सरी हs, जवना से ओह लोगन के प्रतिभा के विकास होत राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर तक पहुंचेला। एह खातिर हमनी के जिम्मेदारी बा कि ओह लोगन के अवसर देत रही सs।

क्रीड़ा परिषद के अध्यक्ष प्रो. विमलेश कुमार मिश्र स्वागत भाषण में कहलें कि खेल प्रतियोगिता में हार-जीत के भावना महत्वपूर्ण नइखे, बल्कि उत्कृष्टता के प्रदर्शन आ आपसी भाईचारा, प्रेम आ सामंजस्य के भावना जरूरी बा। ई सब चीज मजबूत राष्ट्र निर्माण खातिर जरूरी बा।

एथलेटिक मीट के उद्घाटन में रिवायत से अलग, पीएससी बैंड के जगह सरस्वती शिशु मंदिर, पक्की बाग के विद्यार्थी लोग उद्घोष कइल। मुख्य अतिथि प्रो. पूनम टंडन अलग-अलग टीम के मार्च पास्ट के सलामी लेलें। आयोजन के संचालन प्रो. विजय चहल कइलें।

एथलेटिक मीट में पारदर्शिता बनावे खातिर पूर्वोत्तर रेलवे आ क्षेत्रीय क्रीड़ांगन गोरखपुर के 35 ऑफिसियल्स, मोहम्मद अख्तर के संयोजन में निर्णायक के भूमिका निभा रहल बा लोग। उद्घोषक के जिम्मेदारी प्रो. सुषमा पांडेय के बा। ऊ लगभग 20 साल से लगातार 3 दिन तक उद्घोषणा करत आ रहल बाड़ी।

आयोजन सचिव प्रो. राजवीर सिंह बतवलें कि कुल 32 टीम मार्च पास्ट में भाग लेलस, जवना में 225 पुरुष आ 166 महिला खिलाड़ी सामिल रहलें। खिलाड़ी लोग खातिर खानपान आ अन्य सुविधा के पूरा इंतजाम कइल गइल बा।

एह अवसर पs प्रो. कीर्ति पांडेय, प्रो. राजवंत राव, प्रो. हर्ष सिंहा, प्रो. संदीप कुमार, प्रो. सुनीता मुर्मू, प्रो. शिखा सिंह, प्रो. विनोद सिंह, प्रो. उमेश नाथ त्रिपाठी, प्रो. आशीष श्रीवास्तव, प्रो. दिनेश यादव, प्रो. वीएस वर्मा, प्रो. गौर हरी बेहरा आ प्रशासनिक अधिकारी- कुलसचिव धीरेंद्र कुमार श्रीवास्तव, चंद्रेश धीमान, रवि निषाद, अभियंता शशांक सिंह, डॉ. अमित उपाध्याय सहित कइयन गाे खेलप्रेमी उपस्थित रहल लोग।

Read Also: UP Breaking : अब हर स्कूल में गूंजी ‘वंदे मातरम्’, गोरखपुर में सीएम योगी कइलें बड़ एलान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-