UP Breaking : अब हर स्कूल में गूंजी ‘वंदे मातरम्’, गोरखपुर में सीएम योगी कइलें बड़ एलान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 10, 2025

गोरखपुर। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर में एकता पदयात्रा के दौरान एगो बड़ ऐलान कइलें। सीएम योगी कहलें कि अब यूपी के सब स्कूलन में ‘वंदे मातरम्’ के नियमित आ जरूरी गायन होई।

Share

CM Yogi Adityanath announcing mandatory singing of ‘Vande Mataram’ in all UP schools during Ekta Yatra in Gorakhpur

गोरखपुर। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर में एकता पदयात्रा के दौरान एगो बड़ ऐलान कइलें। सीएम योगी कहलें कि अब यूपी के सब स्कूलन में ‘वंदे मातरम्’ के नियमित आ जरूरी गायन होई। ‘एकता यात्रा’ कार्यक्रम के दौरान बोलत ऊ कहलें कि ई डेग नागरिकन में भारत माता आ मातृभूमि के प्रति श्रद्धा आ गर्व के भावना जगाई।

सीएम योगी आदित्यनाथ कहलें, “हमनी के राष्ट्रीय गीत ‘वंदे मातरम्’ के प्रति सम्मान आ गर्व के भावना रखे के चाहीं। अब उत्तर प्रदेश के हर स्कूल आ शिक्षण संस्थान में एकर गायन अनिवार्य कs दिहल जाई।”

ऊ कहलें कि जाति, भाषा, धर्म आ क्षेत्र के नाम पs समाज के बांटे वाला तत्वन के पहचान कइल अब जरूरी बा। ई सब लोग नया ‘जिन्ना’ बनावे के साजिश में लागल बा। भारत में अब कभी अइसन विभाजनकारी सोच के जड़ जमावे ना दिहल जाई।

गोरखपुर में आयोजित ‘एकता यात्रा’ आ ‘वंदे मातरम्’ सामूहिक गायन कार्यक्रम में सामिल होत सीएम योगी कहलें कि 30 अक्टूबर के देसभर के हर जिला में ‘रन फॉर यूनिटी’ के रूप में राष्ट्रीय एकता दौड़ आयोजित भइल। भाजपा आ सरकार दुनो स्तर पs लौह पुरुष सरदार वल्लभभाई पटेल के जीवन आ योगदान पs आधारित कार्यक्रम करवावल गइल।

ऊ कहलें कि “स्वदेशी आ आत्मनिर्भरता जइसन योजना के माध्यम से राष्ट्रीय एकता के भावना मजबूत भइल बा। अब देस भर में एगो नया जनजागरण अभियान सुरू भइल बा जवना के उद्देश्य बा कि देस के हर नागरिक के भीतर भारत माता के जयकारा गूंजे।”

Read Also: Jammu & Kashmir : आतंकी मॉड्यूल के भंडाफोड़: दू डॉक्टर सहित सात लोग गिरफ्तार, 2,900 किलो विस्फोटक आ हथियार बरामद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.