IND vs SA : बुमराह के ‘पंजा’, अब कुंबले आ कपिल देव के रिकॉर्ड पs निशाना; विश्व चैंपियन साउथ अफ्रीका पहिला पारी में फेल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ साउथ (IND vs SA) अफ्रीका के बीच दू टेस्ट मैच के सीरीज सुरू हो गइल बा। कोलकाता के ईडन गार्डेंस में पहिला टेस्ट खेलल जा रहल बा। मैच के पहिलका दिने

Share

Jasprit Bumrah celebrates after taking a five-wicket haul against South Africa during the first Test at Eden Gardens.

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ साउथ (IND vs SA) अफ्रीका के बीच दू टेस्ट मैच के सीरीज सुरू हो गइल बा। कोलकाता के ईडन गार्डेंस में पहिला टेस्ट खेलल जा रहल बा। मैच के पहिलका दिने भारतीय गेंदबाज जबरदस्त प्रदर्शन कइल लोग। तीसरा सेशन होत-होत साउथ अफ्रीका के पूरा टीम 159 रन पs सिमट गइल। एही बीच जसप्रीत बुमराह ‘पंजा’ खोलला के संगही एगो खास उपलब्धि हासिल कइलें।

अश्विन छूटलें पीछे

बुमराह पहिला-दू गो विकेट लेतही भारत के तीसरा सबसे बेसी क्लीन बोल्ड करेला वाला गेंदबाज बन गइलें। बुमराह अभी ले 153 बल्लेबाजन के क्लीन बोल्ड कs चुकल बाड़ें। ई संख्या आर अश्विन (151) से जादे बा। अब उनका से आगे खाली अनिल कुंबले आ कपिल देव के रिकॉर्ड बचल बा।

सबसे ज्यादा क्लीन बोल्ड कs के विकेट ले वाला भारतीय गेंदबाज

  • अनिल कुंबले – 186
  • कपिल देव – 167
  • जसप्रीत बुमराह – 153*
  • आर अश्विन – 151
  • रवींद्र जडेजा – 145

कुलदीप-सिराज के जलवा

तीसरा सेशन में बुमराह दुबारा चमकलें आ कुल पांच विकेट पूरा कइलें। बुमराह 14वां ओवर में 5 मेडन के संगे खाली 27 रन पs 5 विकेट झटकलें। सिराज आ कुलदीप यादव दू-दू विकेट लिहल लोग। बुमराह के सुरुआती झटका के बाद कुलदीप यादव अफ्रीकी बल्लेबाजी के कमर तुड़ देलें। कुलदीप वियान मुल्डर (24) आ कप्तान टेंबा बावुमा (3) के पवेलियन भेजलें।

Read Also: Rohit-Virat : BCCI के सख्त रवैया से विजय हजारे ट्रॉफी खेले के तइयार रोहित-विराट; बढ़िया प्रदर्शन दिलाई भारतीय टीम में मौका

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.