नई दिल्ली। नमक के इस्तेमाल हर रसोई में होला। खाना बनावत घरी मात्रा बड़ नाप-जोख के रखल जाला, ना तs खाना के स्वाद बिगड़ जाला। बाकिर का अइसन सतर्कता रउआ अपना सेहत के संगे बरतेनी ? बहुत लोग एह बात के ओर धेयान ना देला कि उ एक दिन में केतना मात्रा में नमक (Salt Intake Foods) खात बा।
रउआ के बता दीं कि बहुते भारतीय WHO के सुझावल गइल मात्रा से ढेर नमक (High Salt Intake) खाला। जवन हार्ट अटैक, स्ट्रोक, हाई ब्लड प्रेशर आ किडनी डिजीज के एगो बड़ वजह बा। एह खातिर ई जानल जरूरी बा कि एक दिन में केतना नमक खाइल हेल्दी हs। आईं जानल जाव कि एक दिन में केतना नमक खाये के चाहीं आ कवन अइसन फूड (Sodium Rich Foods) बा जवन हमनी के डेली सॉल्ट इनटेक के बढ़ा देला।
एक दिने में केतना नमक खाये के चाहीं?
विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) के अनुसार, एगो वयस्क व्यक्ति के हरदिन 5 ग्राम (लगभग 1 चम्मच) से कम नमक खाये के चाहीं, जेमे लगभग 2000 मिलीग्राम सोडियम होला। हालांकि, भारतीय खान-पान में अक्सर ढेर नमक खाइल जाला, जवना से हाई ब्लड प्रेशर, हृदय रोग आ स्ट्रोक के खतरा बढ़ जाला।
एगो स्टडी के मोताबिक, शहरी इलाकन में एह मात्रा से लगभग दोगुना से ढेर नमक खाइल जाला। ग्रामीण इलाकन में एह मात्रा से ढेरे नमक खाइल जाला । एकरा चलते लोगन में हाई ब्लड प्रेशर, हार्ट डिजीज, स्ट्रोक, हार्ट अटैक आ किडनी डिजीज के खतरा बढ़त बा।
एह फूड्स से बढ़त बा सॉल्ट इनटेक
कइयन गो प्रोसेस्ड आ पैक्ड फूड्स में “हिडन सॉल्ट” माने छिपल नमक होला, जवना के कारण हमनी के अनजाना में जरूरत से जादेे नमक खा लेला। इहां कुछ अइसन फूड्स के लिस्ट दिहल गइल बा, जेमे नमक के मात्रा जादे होला-
प्रोसेस्ड आ पैक्ड फूड्स
- चिप्स, नमकीन- एमे स्वाद बढ़ावे खातिर जादे नमक मिलावल जाला।
- इंस्टेंट नूडल्स- एक पैकेट में लगभग 1500-2000 मिलीग्राम सोडियम हो सकत बा।
- रेडी-टू-ईट सूप आ सॉस- एमे प्रिजर्वेटिव्स के रूप में नमक के मात्रा जादे होला।
अचार आ चटनी
अचार के लमहर समय तक सुरक्षित रखे खातिर ओमे नमक के भरपूर इस्तेमाल कइल जाला। एगो छोट मात्रा में अचार से दैनिक नमक के सीमा पार हो सकत बा।
बेकरी प्रोडक्ट्स
- ब्रेड, बिस्कुट, केक- एमे स्वाद आ टेक्सचर के खातिर नमक मिलावल जाला।
- पिज्जा बेस आ बन- एमे हाई सोडियम कंटेंट होला।
नॉन-वेज फूड्स
- सॉसेज, बेकन, हैम- प्रोसेस्ड मीट में सोडियम के मात्रा बहुत जादे होला ।
- स्मोक्ड आ डिब्बाबंद मछली- एकरा के प्रिजर्व करे खातिर नमक के इस्तेमाल कइल जाला।
चीज आ डेयरी प्रोडक्ट्स
पनीर आ प्रोसेस्ड चीज में सोडियम के मात्रा जादे होला, खास कs के जदि उ पैक्ड आ फ्लेवर्ड होखे।
फास्ट फूड आ स्ट्रीट फूड
- समोसा, पकौड़े, बर्गर- एमे नमक आ मसालन के मात्रा ढेर होला।
- चाट, गोलगप्पा के पानी- स्ट्रीट फूड में अक्सर नमक ढेर मात्रा में मिलावल जाला
नमक के मात्रा कम करे के खातिर का करीं?
- ताजा फल आ सब्जी के डाइट में सामिल करीं।
- घर के बनल खाना खाईं आ बाहर के प्रोसेस्ड फूड्स से बचीं।
- नमक के विकल्प जइसे हर्ब्स, नींबू, काली मिर्च के इस्तेमाल करीं।
- फूड लेबल पढ़ी आ कम सोडियम वाला प्रोडक्ट्स चुनीं।