CSIR NET Result 2025 : सीएसआईआर यूजीसी नेट रिजल्ट जारी, इहां डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

CSIR UGC NET Result 2025 declared, students checking results online via direct link

Share

एजुकेशन डेस्क। सीएसआईआर यूजीसी नेट जून 2025 एग्जाम में भाग लेवे वाला उम्मीदवारन के रिजल्ट घोषित कs दिहल गइल बा। परीक्षार्थी तुरंत परिणाम के जांच नेशनल टेस्टिंग एजेंसी के ऑफिशियल वेबसाइट csirnet.nta.ac.in पs जाके भा एह पेज पs उपलब्ध करवावल गइल डायरेक्ट लिंक से कर सकत बा लोग। स्कोरकार्ड डाउनलोड करे खातिर उम्मीदवारन के एप्लीकेशन नंबर आ डेट ऑफ बर्थ दर्ज करे के होई। ध्यान रखीं कि सब अभ्यर्थी रिजल्ट ऑनलाइन देख सकत बा लोग, पर्सनल रूप से केहूओ के स्कोरकार्ड ना भेजल जाई।

1.47 लाख अभ्यर्थी देले रहे लोग परीक्षा

रउआ के बता दीं कि जून सेशन के परीक्षा खातिर कुल 1,95,241 अभ्यर्थी रजिस्ट्रेशन करववले रहे लोग, जेमे से 1,14,339 पुरुष अभ्यर्थी, 80,894 महिला अभ्यर्थी आ 8 थर्ड जेंडर के अभ्यर्थी रहे लोग। कुल रजिस्टर्ड उम्मीदवारन में से 1,47,732 उम्मीदवार  परीक्षा में भाग लेले रहे लोग, जेमे से पुरुष उम्मीदवारन के संख्या 86,777, महिला उम्मीदवारन के संख्या 60,950 आ थर्ड जेंडर के संख्या 5 रहे।

विषयन के अनुसार परीक्षा में भाग लेवे वाला उम्मीदवारन के संख्या

यूजीसी नेट एग्जाम के आयोजन दु शिफ्ट में करवावल गइल रहे। पहिला शिफ्ट में लाइफ साइंसेज आ वायुमंडलीय (Atmospheric), Ocean and Planetary Sciences विषय के परीक्षा आयोजित कइल गइल रहे, जेमे क्रमशः 60,213 आ 5,154 उम्मीदवार परीक्षा में भाग लेले रहे लाेग। एकरा अलावे दूसरका शिफ्ट में मैथमेटिक्स, केमिकल साइंसेज आ फिजिकल साइंसेज के परीक्षा भइल। फिजिकल साइंस में 22,734, मैथमेटिकल साइंसेज में 26,644 आ केमिकल साइंसेज परीक्षा में 32,987 उम्मीदवार परीक्षा में भाग लेले रहे लोग।

एह स्टेप्स से चेक करीं रिजल्ट

स्टेप 1: सीएसआईआर नेट स्कोरकार्ड 2025 डाउनलोड करे खातिर सबसे पहिले ऑफिशियल साइट csirnet.nta.ac.in पs जाईं।
स्टेप 2: वेबसाइट पs लेटेस्ट न्यूज में रउआ LATEST NEWS में Joint CSIR-UGC NET JUNE-2025 : Click Here to Download Score Card के एक्टिव लिंक पs क्लिक करे के होई।
स्टेप 3: अब रउआ एप्लीकेशन नंबर, डेट ऑफ बर्थ आ दिहल गइल सिक्योरिटी पिन दर्ज कs के सबमिट करे के होई।
स्टेप 4: एकरा बाद स्कोर कार्ड स्क्रीन पs ओपन हो जाई जहां से रउआ एकरा के डाउनलोड कs सकत बानी।

CSIR NET Result 2025 Link

सीएसआईआर नेट जून सेशन के एग्जाम 28 जुलाई के दु शिफ्ट में देस भर के 218 शहरन में आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा 5 विषयन खातिर आयोजित भइल रहे।

Read Also : 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-