Haunted news ! वाराणसी के ऊ जगह, जहाँ आधा रात के गइला पर सबकर रूह काँप जाला! कारण भूत बा कि..?

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2024

आज भी वाराणसी में अइसन बहुत जगह बा, जहवाँ कमजोर दिल वाला लोग रात होते ही जाए में संकोच करेला। कहीं अजीब आवाज, कहीं रहस्यमयी आकृति भा अदृश्य शक्ति! सच्चाई का ह?  वाराणसी : बाबा

Share

आज भी वाराणसी में अइसन बहुत जगह बा, जहवाँ कमजोर दिल वाला लोग रात होते ही जाए में संकोच करेला। कहीं अजीब आवाज, कहीं रहस्यमयी आकृति भा अदृश्य शक्ति! सच्चाई का ह?

 वाराणसी : बाबा विश्वनाथ के नगरी काशी के मंदिरन के नगरी कहल जाला। हालांकि एह पवित्र नगर में घंटी के आवाज हर समय सुने के मिलेला, चाहे ऊ सबेरे होखे भा साँझ, बाकिर काशी में अइसन बहुते डरावना जगह बा, जहाँ आजुओ लोग आधा रात से गुजरला से डेरा ला। डर के कारण भूत आ पिशाच से जुड़ल बा। हालांकि एह बातन के पुष्टि नइखे हो पावत बाकिर बतकही के बाजार दिन प दिन गरम रहेला हमनी के एह जगहन के बारे में जानल जाव जवना के लोग भूतिया कहेला

1. वाराणसी चंदौली गंगा पुल; वाराणसी के चंदौली जिला से जोड़े वाला गंगा प बनल राजघाट पुल के भूत पुल कहल जाला। ई पुल गंगा प बनल बा आ एह पुल से कूद के बहुते लोग मौत के गले लगा लिहले बा । स्थानीय लोग के कहनाम बा कि आधा रात में कबो-कबो ए पुल प अजीब-अजीब चीज़ देखाई देवेला। लोग इहाँ से गुजरे में संकोच करेला।

2. चेतसिंह किला : वाराणसी के गंगा के किनारे बसल चेतसिंह किला के भूतिया कहल जाला। दिन में इहां बहुत एक्टिविटी होला बाकी अन्हार होते ही इहाँ सन्नाटा फइलल शुरू हो जाला। कोरोना काल में एगो वीडियो भी वायरल भइल, जवना में देखावल गइल कि किला के गेट में हाथ से वीडियो शूट करे वाला एगो नवही के एगो आत्मा कैद कर लिहले बा। ऊ आदमी चिल्लाए लागल । अइसन कई गो कहानी एह किला से जुड़ल बाड़ी सऽ। हालांकि एह वीडियो के सच्चाई साफ ना हो पावल।

3.मणिकर्णिका घाट ; शमशान प भी लोग आधा रात के जाए से डेरा ला। एह घाट पर 24 घंटा लाश के दाह संस्कार होला। कई बेर एह घाट प भी अइसन तस्वीर कैमरा में कैद भइल बा, जवना के देखला के बाद विश्वास कइल मुश्किल हो जाला। मई 2020 में बीएचयू के डॉ वीएन मिश्रा एगो जरत मृत शरीर के फोटो क्लिक कइले रहले, जवना में लाश के ऊपर एगो आकृति देखाई देता, जवना के बहुत लोग आत्मा कहत रहले, बाकी विज्ञान अइसन दावा ना मानत रहे।

4. Bhu पोस्टमार्टम हाउस एकरा अलावे बीएचयू में स्थित पोस्टमार्टम हाउस के लोग भूतिया भी बतावेले। कमजोर दिल वाला लोग रात के अन्हार में इहाँ से गुजरे में भी संकोच करेला। कहानी के मुताबिक इहाँ के लोग के कई बेर अजीब आ डरावना आवाज़ सुनाई देवेला। हालांकि कुछ समय पहिले इ पोस्टमार्टम हाउस के इहाँ से शिफ्ट क दिहल गइल बा।

Disclaimer ; ई फोटो स्टोरी सोशल मीडिया पर किंवदंतियन आ वायरल फोटो वीडियो पर आधारित बा ।खबर भोजपुरी एह तथ्यन के पुष्टि नइखे करत ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.