[the_ad_group id="30365"]

स्वाति मालीवाल शरीर एह हिस्सन में आइल चोट, मेडिकल रिपोर्ट में खुलासा; पुलिस से मिलल 24 घंटा के सुरक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बदसलूकी के घटना के बाद स्वाति मालीवाल के दिल्ली पुलिस सुरक्षा प्रदान कऽ देले बिया। एगो पीएसओ हमेशा उनका साथे रही जबकि दू गो पीएसओ उनका घरे रहिहें। पीएसओ के आठ घंटा के ड्यूटी होला। अइसे में राउंड द क्लॉक तीन पीएसओ के ड्यूटी उनका साथे आ छह पीएसओ के ड्यूटी उनका घरे रहीं।

यानी मालीवाल के साथे आ उनका घर के सुरक्षा में 24 घंटा में कुल नौ गो पीएसओ के ड्यूटी रहीं। घटना के बाद मालीवाल के कई जगहन से धमकी मिलल, जवना से उऽ डेरा गइली। उऽ खुद दिल्ली पुलिस से सुरक्षा मुहैया करावे के मांग कइले रहली।

पुलिस अफसर स्वाति से कइले मुलाकात

ओकरा मद्देनजर 16 मई के स्पेशल सेल के एडिशनल पुलिस प्रमोद सिंह कुशवाहा मालीवाल के दीनदयाल मार्ग स्थित आवास पs जाके उनका से धमकी के सिलसिला में बात कइले आ जांच के बाद पुलिस के आला अधिकारियन के उऽ सुरक्षा मुहैया करावे के संस्तुति कऽ देले रहले। मालीवाल के फिलहाल नई दिल्ली जिला पुलिस के सुरक्षा प्रदान करे के कहल गया बा। बाद में दिल्ली पुलिस सुरक्षा यूनिट से उनका के सुरक्षा दिहल जाई।

मेडिकल रिपोर्ट में चोट लागे की पुष्टि

स्वाति मालीवाल के प्रारंभिक मेडिकल रिपोर्ट आ गइल बा, जवना में उनका चेहरा पs आंख के लगे , गोर में चोट लागे के पुष्टि भइल बा। 17 मई के दुपहरिया तीन बजे मालीवाल के एम्स में मेडिकल करावल गइल रहे। मालीवाल लात से कई बार उनका पेट, पेट के निचला हिस्सा आ छातीयो पs चोट मारे के आरोप लगवले बाड़ी।

एक्स रे के रिपोर्ट आवल बाकी बा

उनका छाती के एक्स रे, पेट के निचला हिस्सा के एक्स रे आ अल्ट्रासाउंड के रिपोर्ट आवल बाकी बा। उऽ दर्द के शिकायत कइले रहली, जवना पs डॉक्टर्स दर्द के इंजेक्शन आ आउर दवाई लेवे के सलाह देली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]